[the_ad_group id="30365"]

Breaking News : NEET-UG विवाद: ‘1563 उम्मीदवारन के ग्रेस मार्क वापस, 23 जून के फेर से परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नीट परीक्षा के लेके जारी विवाद के बीच बियफे के एक बेर सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भइल। एह दौरान केंद्र शीर्ष कोर्ट के बतवलस कि नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) के ओर से नीट-यूजी 2024 के 1,563 उम्मीदवारन के ग्रेस अंक देवे के निर्णय वापस ले लिहल गइल बा।

अइसन उम्मीदवारन के 23 जून के फेर से परीक्षा देवे के विकल्प दिहल जाई। एकर नतीजा 30 जून के आई। परीक्षा ना देवे पs ग्रेस अंक लागू रही। बड़ बात इहो बा कि सुप्रीम कोर्ट छव जुलाई के होखे वाला काउंसलिंग पs रोक लगावे से इनकार कs देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]