[the_ad_group id="30365"]

भाषण प्रतियोगिता: प्रियांसी तिवारी अव्वल, अविनाश के दुसरा आ आदित्य तिवारी के तीसरा स्थान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव में नेहरू युवा केंद्र देवरिया के तत्वधान में ‘मेरी माटी, मेरा देश’ कार्यक्रम के अयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम के आयोजनकर्ता स्वयंसेवक राहुल मल्ल रहलें। विद्यालय के शिक्षक सरोज कुमार सानदार संचालन कइलें। कार्यक्रम के मुख्य अतिथि समाज सेवी सूर्यप्रकाश मिश्रा आउर विद्यालय के शिक्षकन के द्वारा पवधा रोपल गइल।

पूर्व सुबेदार भइल लो सम्मानित 

स्वतंत्रता सेनानियन आ वीरन के सम्मान के क्रम में सूर्यप्रकाश मिश्रा दु गो पूर्व सुबेदार नरकू यादव आ अवधनारायण यादव के अंगवस्त्र देकर सम्मानित कइल गइल।

भाषण प्रतियोगिता के भइल आयोजन

एह अभियान के अंतर्गत भाषण प्रतियोगिता के अयोजन कइल गइल। नवहा लोग भाषण प्रतियोगिता में उत्साहपूर्वक हिस्सा लिहल। प्रतियोगिता के पांच जज डाक्टर अनुज यादव, डाक्टर जितेंद्र अग्रहरि उज्वल श्रीवास्तव, विजय शंकर रजक आ शिवम पांडे रहे लो। पहिला पुरस्कार खातिर प्रियंसी तिवारी, दूसरा खातिर अविनाश आ तीसरा खातिर आदित्य तिवारी के चुनल गइल। मुख्य अतिथि सूर्यप्रकाश मिश्रा कहलें कि प्रधानमंत्री के पांच प्रण देश के नवहन में सैनिकन, शिक्षकन के सम्मान आ अपना विरासत आ संस्कृति के समझे में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई।


एह अभियान में सनी यादव, शिवम पांडे, सरोज कुमार, लालसहन चौधरी, सतीश चन्द्र, संतोष यादव, जितेंद्र कुमार, धर्मेन्द्र उपाध्याय, आनन्द वर्मा, रणविजय, उमेश यादव आदि लोग मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]