[the_ad_group id="30365"]

फिलिस्तीन के राष्ट्रपति महमूद अब्बास पs जानलेवा हमला, काफिला पs भइल ताबड़तोड़ फायरिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बुध के दिने फिलिस्तीन के राष्ट्रपति महमूद अब्बास पs जानलेवा हमला भइल। खबर के मुताबिक आतंकी फिलिस्तीनी राष्ट्रपति महमूद अब्बास के काफिला के गाड़ी पs अंधाधुंध गोली चला के मारे के कोशिश कईले बाड़े। खबर के मुताबिक, सन ऑफ अबु जंदाल’ अब्बास के इजरायल के खिलाफ युद्ध के घोषणा करे खातीर 24 घंटा के अल्टीमेटम देले रहले। इ आतंकी संगठन अब्बास के धमकी भी देले रहे कि अगर उ अयीसन ना करीहे तs उनुकर भयानक नतीजा होई। काल्हु एह समय सीमा खतम भइला के बाद अब्बास के काफिला पs हमला भइल जवना में फिलिस्तीनी राष्ट्रपति संकीर्ण रूप से भागगइलन। बता दीं कि फिलिस्तीनी राष्ट्रपति पs भइल हमला के जिम्मेदारी ‘सन ऑफ अबु जंदाल’ ले लिहले बा।

आतंकी समूह के हमलावर के ओर से राष्ट्रपति के काफिला पs भईल हमला के वीडियो भी सोझा आईल बा। वीडियो में साफ-साफ देखाई देता कि ‘सन ऑफ अबू जंदाल’ के आतंकी राष्ट्रपति अब्बास के काफिला पs कईसे गोलीबारी करतारे। खबर के मुताबिक एगो घर के सोझा खड़ा गाड़ी के आसपास कुछ बंदूकधारी मौजूद रहले। हमलावर के गोलीबारी अब्बास के एगो अंगरक्षक के खुला में लागल, जवना के बाद उ जमीन पs गिर गईल। एही बीच इजरायली सेना मंगल के दिने कहलस कि अब ओकर सैनिक गाजा शहर के ‘आन्तरिक इलाका’ में हमास से लड़त बाड़े जवना के बाद युद्ध अउरी तेज होखे के डर बढ़ गइल बा।

इजरायल गाजा पs कब्जा कइल चाहत बा

हमास के साथे युद्ध के एक महीना पूरा होखला पs इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू कहले रहले कि एह युद्ध के बाद इजरायल अनिश्चित काल खातिर गाजा में ‘समग्र सुरक्षा जिम्मेदारी’ ले ली। उनुका बयान के बाद मानल जात बा कि इजरायल गाजा पट्टी पs पूरा नियंत्रण लेबे के चाहत बा। एगो साक्षात्कार के दौरान नेतन्याहू इहो कहले कि उ हमला के ‘ कुछ समय खातीर ‘ रोके के तैयार बाड़े ताकि 7 अक्टूबर के हमास के ओर से इजरायल पs भईल हमला के दौरान बंधक बना के राखल गईल 240 से जादे लोग के रिहाई सुनिश्चित कईल जा सके।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]