[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: रेलवे लाइन किनारे झाड़ी में मिलल जुवक के शव, मचल हड़कंप, हत्या के आशंका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिपराइच थाना क्षेत्र के नेउरी गांव के सोझा रेलवे लाइन के किनारे बियफे के झाड़ी से एगो जुवक के शव बरामद भइल। आशंका बा कि हत्या कs के शव के इहां ले आके फेंकल गइल बा। शव के पहचान नइखे हो सकल। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया।

पिपराइच रेलवे स्टेशन मास्टर बियफे के थाना पs सूचना देलें कि रेलवे लाइन के 20 मीटर के दूरी पs झाड़ी में एगो जुवक के शव पड़ल बा। पुलिस मवका पs पहुंचल तs शव के चेहरा कंकाल के तरे हो गइल बा। देह पs स्लेटी रंग के शर्ट आ बुलु रंग के जींस रहे।

पुलिस आशंका व्यक्त कइलस कि शव 20 दिन पुरान बा। काहेकि चेहरा के अलावा देह गलल रहे। पुलिस अधीक्षक उत्तरी जितेन्द्र श्रीवास्तव बतवलें कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बाद ई पता चलल कि हत्या भइल कि ना। शव पुरान होखला से चेहरा कंकाल जइसन भइल बा। देह गलल बा। आसपास के क्षेत्र आ जिन से जुवक के पहचान करावे के कोसिस कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]