[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में फंदा से लटकल मिलल विवाहिता के लाश, सदमा से चाची के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में बेलघाट क्षेत्र के भरसी गांव इस्थित अनुसूचित जाति बस्ती में सुक के विवाहिता के फंदा से लटकत लाश मिलल। सूचना पs आइल चाची, भतीजी के शव देखतही सदमा से बेहोश हो गइली। उनका के अस्पताल ले जाइल गया, जहां उनकरो मौत हो गइल।

आरोप बा कि ससुराल वाला अस्पताल में शव छोड़के फरार हो गइले सs। ओने, आरोप बा कि विवाहिता के हत्या कइला के बाद शव के फंदा से लटकावल गइल। पुलिस ममिला के जांच सुरू कs देले बिया।

जानकारी के मोताबिक, बेलघाट के मडहा गांव निवासी रामधनी के बेटी लालती (22) के बियाह बीतल मई में भरसी गांव के विनोद के संगे भइल रहे। मायका वालन के आरोप बा कि बियाह के बादे से दहेज खातिर ओकरा के प्रताड़ित कइल जात रहे। सुक के सांझ छव बजे के करीब पड़ोसी फंदा से लटकत लाश देखके मायका वालन के सूचना दिहल लो। एकरा बाद लालती के भाई उमेश के संगे चाची संवारी देवी मवका पs पहुंच गइली।

भतीजी के शव देखतेही संवारी देवी सदमा से बेहोश हो गइली। उनका के अस्पताल पहुंचावल गइल, जहावां उनकर मौत हो गइल। गांव में मायका पक्ष के लोगन के जुटता देख ससुराल वाला शव छोड़कर फरार हो गइल रहलें सs। दुगो मौत के बाद आसपास के थानन के फोर्स के बोला लिहल गइल आ समझाके मामिला के शांत करा दिहल गइल।

एसओ अवधेश मिश्रा बतवलें कि शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट आ साक्ष्यन के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]