[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा दुबे कइली सुसाइड; सारनाथ के होटल में पंखा से लटकत मिलल शव, आजे पवन सिंह के संगे नया गाना रिलीज भइल रहे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा दुबे अतवार के वाराणसी के सारनाथ के एगो होटल में आत्महत्या कs लेली। उनकर शव होटल के कमरा में पंखा से लटकत मिलल। सूचना पs पहुंचल सारनाथ पुलिस शव के कब्जा में ले लेले बिया। पुलिस आत्महत्या के कारणन के जांच कर रहल बिया।

अभिनेत्री आकांक्षा दुबे भदोही जिला के चौरी थाना क्षेत्र के परसीपुर के रहे वाली रहली। ऊ पिछला दिनन वाराणसी आइल रहली। सनीचर के रात सारनाथ थाना क्षेत्र के सोमेंद्र होटल में ठहरल रहली आ सबेरे उनकर शव फंदा से लटकत मिलल।

होटलकर्मी लोग पुलिस के दिहल जानकारी

आनन-फानन में होटलकर्मी सारनाथ पुलिस के सूचना डिहल लो। एकरा बाद परिजनन के घटना के जानकारी दिहल गइल। एसीपी सारनाथ अभिनेत्री के मोबाइल समेत आउर चीजन के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देले बाड़ें। ओहिजा उनका नंबर के काल डिटेल निकालल जा रहल बा। हालांकि अभी तक आत्महत्या के कारणन के जानकारी नइखे हो सकल।

सुसाइड के कुछे घंटा बाद रिलीज भइल भोजपुरी सॉन्ग

सुसाइड के कुछ घंटा बादे एक्ट्रेस के आखिरी गाना रिलीज भइल। गाना के टाइटल बा ‘ये आरा कभी हारा नहीं।’ गाना के वीडियो के पवन सिंह आ आकांक्षा पs फिल्मावल गइल बा। गाना के बोल जावेद अख्तर आ इमामुद्दीन के बा आ म्यूजिक प्रियांशु सिंह के बा।

आकांक्षा दुबे फिलिम ‘वीरों के वीर’ में काम कइले रहली।

 

आकांक्षा के IPS बनावल चाहत रहले बाबूजी 

भदोही में 1996 में जन्मल आकांक्षा अपना करियर के सुरुआत टिकटॉक आ इंस्टाग्राम से शॉर्ट वीडियो से कइले रहली। एकरा बाद भोजपुरी फिल्मन में लोकप्रियता पवली। आकांक्षा ‘वीरों के वीर’ आ ‘कसम पैदा करने वाले की 2’ नाम के फिल्मन में काम कइले रहली। एकरा अलावे कइयन गो वीडियो शूट कइले रहली।

आकांक्षा दुबे तीन साल के उमिर में पेरेंट्स के संगे मुंबई शिफ्ट भइल रहली। उनकर पेरेंट्स उनका के IPS अफसर बनावल चाहत रहे लो, बाकिर उनकर मन डांस आ एक्टिंग में लागत रहे। एहिसे परिजन लोग मॉडलिंग करे के कहल। चरचा बा कि भोजपुरी इंडस्ट्री के एगो प्रसिद्ध गायक से उनकर नजदीकी रहे। फिलहाल दूरी बन गइल रहे, जवना कारण आकांक्षा तनाव में रही। पुलिस एकरा अलावे आउर पहलुअन के तलाश कर रहल बिया।

आकांक्षा दूबे सारनाथ थाना क्षेत्र के सोमेंद्र होटल में फांसी लगाकर जान दे देली। ऊ अभी 27 साल के रहली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]