[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: एआईयू एथलेटिक्स मीट में डीडीयू के रूबी जीतली कांस्य पदक, जिला के बढ़वली मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केआईआईटी, भुवनेश्वर में चल रहल ऑल इंडिया इंटर यूनिवर्सिटी (एआईयू) एथलेटिक्स मीट के पहिला दिन मंगर के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के एथलेटिक्स टीम के सदस्य रूबी कश्यप 10 किमी. दौड़ में कांस्य पदक प्राप्त कइली। ओहिजा, एह स्पर्धा में निशा छठवां स्थान पs रहली।

जानकारी देत क्रीड़ा परिषद के सचिव डॉ. राजवीर सिंह बतावलें कि ई प्रतियोगिता 26 से 29 दिसंबर तक आयोजित हो रहल बा। एही स्पर्धा में विश्वविद्यालय के निशा एगो संघर्षपूर्ण मुकाबला में छठा स्थान प्राप्त कइली। संगही ई दुनो खिलाड़ी अपना एह प्रदर्शन के आधार पs फरवरी महीना में आयोजित हो रहल खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स खातिर क्वालीफाई कs लेले बा।

टीम मैनेजर डॉ. सुरेंद्र गुप्ता आ कोच सीपी सिंह बतावल लो कि ई दुनों खिलाड़ी अपना अगिलो स्पर्धा में बेहतर प्रदर्शन करी लो, संगही टीम के आउर खिलाड़ियन से आवे वाला  दिनन में होखे वाला स्पर्धन में सानदार प्रदर्शन के उम्मेद बा।

रूबी कश्यप के एह उपलब्धि पs कुलपति प्रो. पूनम टंडन, कुलसचिव प्रो. शांतनू रस्तोगी, क्रीड़ा परिषद अध्यक्ष प्रो. विमलेश कुमार मिश्र, उपाध्यक्ष प्रो. विजय चहल, प्रो. आलोक कुमार गोयल, कोषाध्यक्ष प्रो. प्रत्यूष दुबे, संयुक्त सचिव डॉ. मनीष पांडेय बधाई आ सुभकामना दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]