[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गूगल से डीडीयू के करार, छात्र के मिली डिजिटल शिक्षा के सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दीनदयाल गोरखपुर विश्वविद्यालय के विद्यार्थियन के अब बेहतर डिजिटल शिक्षा मिली। एकरा खातिर विश्वविद्यालय गूगल के संगे एगो विशेष सेवा खातीर समझौता कईले बिया। जेकर नाम हs- गूगल वर्क स्पेस फॉर एजुकेशन। एकरा मदद से विश्वविद्यालय में ना खाली डिजिटल शिक्षा के बढ़ावा दिहल जाई, बालुक गूगल क्लासरूम, गूगल मीट आदि जईसन अतिरिक्त फीचर से छात्र के सीधा फायदा भी हो सकता। एकरा संगे विश्वविद्यालय के शिक्षक अवुरी अधिकारी के ईमेल जानकारी सुरक्षित अवुरी भरोसेमंद हो जाई।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन गोरखपुर विश्वविद्यालय के ईमेल के सुरक्षित आ भरोसेमंद बनावे खातिर गूगल के साथे एगो विशेष सेवा पs हस्ताक्षर कs के डिजिटल सेवा के क्षेत्र में अभूतपूर्व कदम उठवले बाड़ी। गूगल के संगे संस्थागत ईमेल के एकीकरण से सभ शिक्षक अवुरी अधिकारी के सरकारी जानकारी के निर्बाध आदान-प्रदान में बहुत सुविधा मिली। एकरा संगे गूगल के अवुरी बहुत सुविधा जईसे गूगल क्लासरूम, गूगल मीट आदि के संगे अतिरिक्त फीचर भी उपलब्ध होई। एहसे विश्वविद्यालय में डिजिटल शिक्षा के ओर बहुत बढ़ावा मिली।

गूगल से भईल समझौता के बाद गोरखपुर विश्वविद्यालय आपन वेबसाइट अपडेट करे के काम शुरू कs देले बा। जल्दिए विश्वविद्यालय के वेबसाइट के नया अंदाज में लॉन्च कइल जाई।

गूगल के संगे एगो विशेष सेवा खातीर समझौता भईल बा। जवना से डिजिटल शिक्षा के ओर बहुत बढ़ावा मिली। एकरा अलावे शिक्षक अवुरी अधिकारी के ईमेल सुरक्षित अवुरी भरोसेमंद होई। एकरा अलावे विश्वविद्यालय के वेबसाइट के अपडेट करे के काम भी हो रहल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]