[the_ad_group id="30365"]

चिंतपूर्णी मंदिर में दर्शन पर्ची के ऑनलाइन करे के तैयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माता चिंतपूर्णी मंदिर में दर्शन पर्ची के व्यवस्था जल्दिए ऑनलाइन करे के लेके तैयारी चल रहल बा। नई सुविधा के लागू होइतही श्रद्धालु घर बइठल अपने मोबाइल से दर्शन के पर्ची बुक करवा के सीधे मंदिर जा सकेने। दर्शन पर्ची के ले के मंदिर न्यास एगो अलग से वेबसाइट बनावे के विचार कs रहल बिया। ऑनलाइन सुविधा में नकल चाहे जालसाजी न होखे, एकर भी विशेष ध्यान रखल जाई। श्रद्धालु लोग के मोबाइल में ओटीपी अइले के के बाद ओके भरले पर ही दर्शन पर्ची जारी कइल जाई।

मंदिर न्यास ऑनलाइन सुविधा के ले के प्रयास शुरू कर दिहले बा। ऑनलाइन दर्शन पर्ची सिस्टम खातिर विशेष तौर पर मोबाइल एप भी बनावल जा सकsता। एह पर कुछ औपचारिकता के पूरा कइले के बाद श्रद्धालु के नाम के दर्शन पर्ची उनके मोबाइल पर ही मिल जाई।

26 सितंबर से शुरू होखे वाले नवरात्र के ले के माता चिंतपूर्णी मंदिर प्रशासन के ओर से श्रद्धालुअन के पहिले के तरह तीन स्थान पर दर्शन पर्ची केनसुविधा दीहल जाई। तीन पर्ची काउंटर एमआरसी के पार्किंग, बाबा श्री माईदास सदन अउरी शंभू बैरियर पर लगावल जाई। दर्शन पर्ची बाटे खातिर होमगार्ड जवानन के तैनात कइल जाई। नवरात्र में अगर भीड़ ढ़ेर बढ़ जाता त कुछ देर खातिर दर्शन पर्ची देहल बंद कs देहल जाई ताकि मन्दिर में जुटल भीड़ के कम कइल जा सके।

अतिरिक्त उपायुक्त ऊना डॉ. अमित शर्मा बतावलें कि श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर मंदिर प्रशासन लगातार प्रयासरत बा। उ कहलें कि दर्शन पर्ची के बारे में श्रद्धालु लोग के अवगत करावे खातिर मंदिर न्यास के ओर से मुबारिकपुर से चिंतपूर्णी मंदिर ले उचित स्थान पर बोर्ड लगावल बा। मेला में तैनात सुरक्षाकर्मी भी श्रद्धालु लोग के दर्शन पर्ची के बारे अवगत करवावत रहिहें। उ बतवलें कि दर्शन पर्ची ऑनलाइन करे के दिशा में भी प्रयास शुरू कs दिहल गइल बा। उ कहलें कि जौन श्रद्धालु पहिला बेर आवेने, उनके दर्शन पर्ची के बारे में पता नाइ लाग पावsला। एकरे अलावा दर्शन पर्ची लेवे खातिर भी भक्तन के अगोरे के पड़sला। ऑनलाइन व्यवस्था से श्रद्धालुअन के सुविधा होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]