दबंग दिल्ली पटना पाइरेट्स के हरा के बनल प्रो कबड्डी 8 के विजेता

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2022

PRO KABADDI LEAGUE-8 में सुक के रात भइल फाइनल मुकाबला में एगो बहुते रोमांचक आ सांस रोक देवे आला मैच भइल। 01 अंक के निर्णायक अंतर से दबंग दिल्ली पटना पाइरेट्स के चउथका बेर चैम्पियन बने के सपना तुरे में सफल रहल। दबंग दिल्ली के ई अब ले भइल 8 सीजन में ई पहिलका ख़िताबी जीत हs। सीजन-7 के फाइनलो में दबंग दिल्ली फाइनल में पहुंचल रहे बाकिर बंगाल वारियर्स के टीम से हार मिलल रहे। 

Share

पहिला बेर विजेता बनल दबंग दिल्ली

कवनो पटकथा अस घरी-घरी बदलत रहल फाइनल के रोमांच

डिफेंडर जोगिंदर नरवाल के निर्तेत्व में फाइनल खेल रहल दबंग दिल्ली के टीम पटना पाइरेट्स के टीम के हरा के खिताब तs जीत लेलस, बाकिर ओकरा एह जीत के हासिल करे ला बहुत जादे मेहनत करे के पड़ल। एही मेहनत के नतीजा आ धीर बना के रखला के नतीजा भइल की टीम के अंतिम समे में 01 अंक से यादगार जीत मिल गइल।

बंगलोर में भइल एह ख़िताबी मुकाबला में दिल्ली के टीम पहिला हाफ के बाद ले पिछड़त रहे बाकिर अंतिम बेरामें बाजी पलट गइल। दिल्ली के ई जीत 01 अंक से भेंटल। एह मैच में 1-1 अंक ला कड़ा जंग देखे के मिलल। पटना पाइरेट्स चउथा बेर फाइनल खेलत रहे बाकिर अबकी बेर ओकरा खिताब जीते में कामयाबी ना मिल सकल। हाफ टाइम ले पटना 2 अंक के बढ़त ले लेले रहे। रेडर प्रशांत कुमार के ई टीम एक समे मिलल 4 अंक के बढ़त के बना के ना राख़ सकल।

पहिला हाफ के बाद स्कोर 17-15 से पटना के पक्ष में रहे। जब दूसरा हाफ में 7 मिनट बांचल रहे तब दिल्ली 2 अंक के बढ़त बना लेलस।  दबंग दिल्ली देखते-देखत एह बढ़त के 4 अंक कs लेलस। पटना के खिलाड़ी वापसी के उमेद ना छोड़ल लो आ निमन खेला देखावल। बाकिर अंत में दिल्ली का लगे 01 अंक के बढ़त रहल जवन निरने देवे ला कम ना रहे। दिल्ली मैच में 37-36 से जीत हासिल कइलस।

https://twitter.com/DabangDelhiKC/status/1497252758348468225

एह मुक़ाबला में सबसे बेसी अंक दिल्ली के औललराउंडर विजय जोडले। ऊ 14 अंक जोड़ेले। रेडर नवीन कुमार 13 अंक के जोगदान एह जीत में मददगार रहल। पटना खातिर सचिन 10 आ गुमान सिंह के 9 अंक लेके आइल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.