[the_ad_group id="30365"]

Cyclone Shakti Alert: बंगाल के खाड़ी में उठ रहल बा नया बवंडर, अबे से डेरवाए लागल साइक्लोन शक्ति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चक्रवात शक्ति अपडेट : भारत में तपल गर्मी के बीच समुंदर में सक्रियता बढ़ल बा। देश में एगो अउरी चक्रवात आवे वाला बा। मौसम विभाग आईएमडी के मुताबिक बंगाल के खाड़ी में चक्रवात ‘शक्ति’ बने के संभावना बा। भारतीय मौसम विभाग के मुताबिक बंगाल के खाड़ी में ‘शक्ति’ नाम के चक्रवात हो सकता। दक्खिन अंडमान सागर, निकोबार दीप, बंगाल के दक्खिन खाड़ी आ उत्तर अंडमान सागर के कुछ हिस्सा में दक्खिन-पच्छिम के मानसून आ गइल बा।
आईएमडी अंडमान सागर के ऊपर ऊपरी हवा के चक्रवाती परिसंचरण देखले बा। एकरे कारण 16 मई से 22 मई के बीच कम दबाव वाला इलाका के निर्माण हो सके ला।अनुमान बा कि 23 मई से 28 मई के बीच ई सिस्टम अउरी ताकतवर हो सके ला आ चक्रवात में बदल सके ला। एकर नाम ‘शक्ति’ राखल जा सकेला. आईएमडी भी बुधवार के एs संबंध में एगो बयान जारी कईले रहे। अगर ई एगो शक्तिशाली चक्रवात हs तs ई डरावना हो सकेला.

आईएमडी का कहलस?

आईएमडी के बयान के मोताबिक आजु मने कि 14 मई 2025 के 03:00 UTC बजे तमिलनाडु के तट पs बंगाल के दक्खिन-पच्छिम खाड़ी के ऊपर समुंद्र तल से 1.5 किमी ऊपर ऊपरी हवा के चक्रवाती परिसंचरण बनल बा। मौसम विभाग इहो कहलस कि दक्षिण पश्चिमी मानसून के अउरी आगे बढ़े खातिर दक्खिन अरब सागर, मालदीव आ कोंकण इलाका, बंगाल के खाड़ी के कुछ हिस्सा आ पूरा अंडमान आ निकोबार द्वीप समूह में 16 आ 17 मई के हालात अनुकूल बा.अगर ई चक्रवात आ जाव तs ओडिशा से बंगाल ले एकर असर देखल जा सकेला.

मानसून कब आवेला?

आईएमडी के आंकड़ा के मोताबिक अगर मानसून केरल में उम्मीद के मुताबिक पहुंचल त इ 2009 के बाद से भारत के मुख्य भूमि प मानसून के सबसे जल्दी पहुंचल होई।तब मानसून 23 मई के आईल। आमतौर पर दक्खिन-पच्छिम के मानसून 1 जून ले केरल पहुँचे ला आ 8 जुलाई ले पूरा देस के कवर क लेला।ई 17 सितंबर के आसपास उत्तर-पच्छिम भारत से पीछे हटे लागे ला आ 15 अक्टूबर ले पूरा तरीका से पीछे हट जाला।

जब से बरखा कम से अधिका हो रहल बा

आईएमडी अप्रैल में 2025 के मानसून खातिर सामान्य से ऊपर के कुल बरखा के अनुमान लगवले रहे आ एल नीनो के स्थिति के संभावना से इनकार कइले रहे, जवन भारतीय उपमहादीप पर सामान्य से नीचे के बरखा से जुड़ल बा। पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय के सचिव एम रविचंद्रन कहले रहले कि भारत में चार महीना (जून से सितंबर) के मानसून में सामान्य से ऊपर बरखा होखे के संभावना बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]