[the_ad_group id="30365"]

Cyclone Remal : बंगाल में चक्रवाती तूफान रेमल मचवलस हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

चक्रवाती तूफान रेमल के तबाही पश्चिम बंगाल के तटीय इलाकन पs लउके लागल बा. आधा रात से जमीन पs उतरे के प्रक्रिया शुरू हो गईल बा। एह दौरान समुद्र में चक्रवाती तूफान के अधिकतम गति 135 किमी प्रति घंटा दर्ज भइल। एकरा असर के चलते पश्चिम बंगाल में बहुत तबाही देखाई देता। एकर असर बीरभूम, पूर्वी बर्धमान, नदिया, पूर्वी मेदिनीपुर, बांकुड़ा, दक्षिण 24 परगना, उत्तर 24 परगना, कोलकाता, बिधाननगर के अलग-अलग इलाका में देखल जा रहल बा। इहाँ भारी बरखा शुरू हो गईल बा।

निगरानी में लागल भारतीय तटरक्षक बल

भारतीय तटरक्षक बल आपदा प्रतिक्रिया टीम के साथे आजु सबेरे पश्चिम बंगाल के दक्षिण 24 परगना में चक्रवात रेमल के जमीन पs उतरे पs नजर रखलस।

कोलकाता के चित्तरंजन एवेन्यू क्षेत्र में जलप्रलय

पश्चिम बंगाल के कोलकाता के चित्तरंजन एवेन्यू (सी.आर. एवेन्यू) इलाका में भारी बरखा के चलते पानी के भरमार हो गईल। पश्चिम बंगाल के कोलकाता के कुछ हिस्सा में भारी बारिश के बाद पानी के भंडारण देखल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]