[the_ad_group id="30365"]

CWG 2022: हरजिंदर कौर 71 किग्रा वर्ग में कांस्य पदक जीतली, कुल 212 किलोग्राम वजन उठवली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरजिंदर कौर 71 किग्रा वर्ग में कांस्य पदक जीत लेले बाड़ी। ऊ कुल 212 किलोग्राम वजन उठाके देश के नौवां पदक दिला देली। एह मुकाबला में हरजिंदर स्नैच में 93 किलोग्राम आ क्लीन एंड जर्क में 119 किलोग्राम भार उठवली। इंग्लैंड के साराह डेविस कुल 229 किलोग्राम वजन उठाके स्वर्ण पदक अपना नामे कइली। ओहिजा, कनाडा के एलेक्सिस एशवर्थ 214 किलोग्राम वजन उठाके रजत पदक अपना नामे कइली।

हरजिंदर के प्रदर्शन

स्नैच: हरजिंदर पहिला कोसिस में 90 किग्रा भार खातिर आपन नाम देले रहली। ऊ एह वजन के ना उठा सकली। दूसरा कोसिस में ऊ 90 आ तीसरा में 93 किग्रा भार उठा लेली। एह तरे स्नैच राउंड में उनकर स्कोर 93 किग्रा रहल।

क्लीन एंड जर्क:  एह राउंड में हरजिंदर के तीनों कोसिस सफल रहल। ऊ पहिला प्रयास में 113, दूसरा में 116 आ तीसरा में 119 किग्रा भार उठवली। एह तरे क्लीन एंड जर्क में उनकर स्कोर 119 रहल।

भाग्य देलस हरजिंदर के साथ

हरजिंदर स्नैच आ क्लीन एंड जर्क के बाद कुल 212 किग्रा भार के स्कोर कइली। एकरा बाद अइसन लागत रहे कि ऊ कांस्य ना जीत पइहें। उनका से आगे एलेक्सिस एशवर्थ रहली। ऊ 214 किग्रा भार उठवले रहली। तब नाइजीरिया के जोए ओगबोने आ इंग्लैंड के सारा डेविस आवे वाला रहली। दुनों के बीच स्वर्ण पदक खातिर टक्कर होखे वाला रहे, लेकिन खेल पलट गइल। नाइजीरिया के जो ओगबोने  स्नैच में 100 किग्रा भार उठवले रहली। क्लीन एंड जर्क में ऊ 125 किग्रा खातिर आपन नाम देले रहली। ऊ तीनों प्रयास में नाकाम रहली। एह तरे हरजिंदर के पदक पक्का हो गइल।

अब सारा डेविस के बारी रहे। ऊ अगर तीनों प्रयास में फेल हो जइती तs हरजिंदर के रजत मिल जाइत, बाकिर अइसन ना भइल। सारा के पहिला कोसिस तs असफल रहल, बाकिर दूसरा कोसिस में ऊ 126 किग्रा भार उठाके आपन कुल स्कोर 229 किग्रा कs देली। एह तरे ऊ स्वर्ण जीत गइली। उनकर 130 किग्रा के तीसरका कोसिस असफल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]