[the_ad_group id="30365"]

India vs England Hockey: भारत-इंग्लैंड मैच 4-4 से ड्रॉ, टीम इंडिया 3-0 के बढ़त बनवला के बावजूद ना जीतल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रमंडल खेलन में पुरुष हॉकी में भारत आ इंग्लैंड के बीचे मुकाबला 4-4 के बराबरी पs छूटल। पूल-बी के अपना दूसरा मैच में टीम इंडिया जीतते-जीतते रह गइल। उ एक समय 3-0 के बढ़त हासिल कs लेले रहे, बाकिर इंग्लैंड आखिरी दु क्वार्टर में शानदार वापसी कइलस आ चार गोल दगलस। भारत अंतिम दु क्वार्टर में ख़ाली एके गोल कs सकल। एह तरे मैच बराबरी पs छूटल। भारत अपना पहिला मैच में घाना के 11-0 से हरवले रहे। अब तीसरा मैच में तीन अगस्त के ओकर मुकाबला कनाडा से होई।

भारत खातिर पहिला गोल ललित उपाध्याय कइले। एकरा बाद मंदीप सिंह दूसरा आ तीसरा गोल कइले। भारत खातिर चउथा गोल हरमनप्रीत सिंह कइले। इंग्लैंड खातिर पहिला गोल लियाम एंसेल कइले। निकोलस बेंडुराक टीम के दूसरा आ चउथा गोल कइले। ओहिजा, फिलिप रोपर तीसरा गोल दगले।

घाना के खिलाफ भारत ने रचा था इतिहास

घाना के खिलाफ भारत कॉमनवेल्थ गेम्स के इतिहास में आपन सबसे बड़ जीत हासिल कइले रहे। एकरा पहिले 2006 मेलबर्न कॉमनवेल्थ गेम्स में भारत त्रिनिदाद एंड टोबैगो के 10-1 से हरवले रहे। राष्ट्रमंडल खेलन में ओवरऑल सबसे बड़ जीत के रिकॉर्ड ऑस्ट्रेलिया के नामे बा। उ 2002 मैनचेस्टर कॉमनवेल्थ गेम्स में बारबाडोस के 20-1 से हरवले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]