[the_ad_group id="30365"]

तरैया के नेवारी गांव मे नव युवक पूजा समिति द्वारा सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तरैया (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: तरैया के नेवारी गाँव मे ऋतूराज बसंत के आगमन आ बसंत पंचमी सरस्वती पूजनोत्सव के बाद अतवार के नवयुवक पूजा समिति नेवारी गांव मे धूम धाम से बाबा के प्रांगण में सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। जवना के समाजसेवी सह माध्यमिक शिक्षक नेता अर्जुन युवराज के द्वारा फीता काटकर विधिवत उद्घाटन कइल गइल।

उद्घाटन के उपरान्त स्थानीय कलाकारन द्वारा तइयार एकांकी “दारू पियला खातिर मरले बिया मेहरारू” के देख के दर्शक लोग खूब झूमल के दृश्यन के देख खूब सराहना कइल। मवका पs सांस्कृतिक कार्यक्रम मे मुख्य रूप से धड़कन, आशिक राज,  गोलू, रवि कुमार, अजीत अनमोल, जीतू ज्वाला के कलाकारी के देख के रातभर दर्शक लोग मनोरंजन के सागर में गोता लगावत रहलें।

कार्यक्रम मे मवका पs उपस्थित गुरुचरण राम, विवेकानंद गिरि, लालबिहारी राय, रविंद्र पेंटर, रितेश कुमार राम, आजादी कुमार, जयप्रकाश शर्मा, विधा राम, पिंटू राम, दिल प्रकाश, महेश राम सहित हजारन के संख्या मे दर्शक देखे खातिर बेताब रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]