CTET 2026 : सीटीईटी फरवरी परीक्षा खातिर फॉर्म भरे के आखिरी तारीख काल्ह, जल्दिये कs लीं आवेदन, एह तारीखन में करेक्शन के मिली मौका

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2025

नई दिल्ली। सेन्ट्रल बोर्ड ऑफ स्कूल एजुकेशन (CBSE) के ओर से सेन्ट्रल टीचर एलिजिबिलिटी टेस्ट (CTET Feb 2026) खातिर आवेदन फॉर्म भरे के आखिरी तारीख 18 दिसंबर 2025 तय कइल गइल बा। अइसन में जे

Share

"CTET 2026 February exam application last date and correction window details"

नई दिल्ली। सेन्ट्रल बोर्ड ऑफ स्कूल एजुकेशन (CBSE) के ओर से सेन्ट्रल टीचर एलिजिबिलिटी टेस्ट (CTET Feb 2026) खातिर आवेदन फॉर्म भरे के आखिरी तारीख 18 दिसंबर 2025 तय कइल गइल बा। अइसन में जे उम्मीदवार टीचर बने के सपना देखत बा लोग, ऊ लोग बिना देरी कइले तुरंत सीबीएसई के आधिकारिक वेबसाइट ctet.nic.in पs जाके आवेदन प्रक्रिया पूरा कs सकेला लोग। काल्ह आवेदन विंडो बंद कs दिहल जाई।

एह तारीखन में मिली करेक्शन के मौका

जवना उम्मीदवारन से सीटीईटी फॉर्म भरे में कवनो गलती हो गइल बा, ओह लोगन खातिर सीबीएसई करेक्शन के मौका दी। करेक्शन विंडो 23 दिसंबर से 26 दिसंबर तक खुलल रही। अभ्यर्थी एह तारीखन के भीतर ऑनलाइन तरीका से फॉर्म में सुधार कs सकी लोग।

खुद भरीं फॉर्म

एह परीक्षा में सामिल होखे खातिर अभ्यर्थी खुद ऑनलाइन फॉर्म भर सकेला लोग। रउआ सुविधा खातिर आवेदन के लिंक आ स्टेप्स नीचे दिहल जा रहल बा-

  • सीटीईटी एप्लीकेशन फॉर्म 2026 भरे खातिर सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट ctet.nic.in पs जाईं।
  • होम पेज पs लेटेस्ट न्यूज में Apply for CTET Feb 2026 लिंक पs क्लिक करीं।
  • पहिले रजिस्ट्रेशन लिंक पs क्लिक कs के मांगल गइल जानकारी भर के पंजीकरण करीं।
  • ओकरा बाद जरूरी डिटेल भर के फॉर्म पूरा करीं।
  • हस्ताक्षर आ फोटो अपलोड करीं।
  • अंत में पेपर आ कैटेगरी के हिसाब से तय शुल्क जमा करीं।
  • फॉर्म सबमिट कs के ओकर एगो प्रिंटआउट निकाल के सुरक्षित रख लीं।

आवेदन शुल्क

फॉर्म भरे के संगे एगो पेपर खातिर आवेदन कइला पs 1000 रुपिया आ दुगो पेपर खातिर आवेदन कइला पs 1200 रुपिया शुल्क देवे के होई।

एससी, एसटी आ दिव्यांग वर्ग के उम्मीदवारन खातिर एगो पेपर के शुल्क 500 रुपिया आ दुनो पेपर के शुल्क 600 रुपिया तय कइल गइल बा। फीस ऑनलाइन माध्यम से जमा कइल जा सकी।

Read Also: Ambedkar Nagar Accident : अंबेडकरनगर में डीसीएम-ट्रैक्टर ट्राली के टक्कर में तीन लोग के मौत, छव घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.