Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jamui में CRPF जवानन के गाड़ी पुल से 20 फीट गहिरा गड़हा में गिरल, चार जवान घायल; गंभीर हालत में दु जवान पटना रेफर

670

जमुई में देर रात सीआरपीएफ के वाहन भीषण हादसा के शिकार हो गइल। बतावल जा रहल बा कि सीआरपीएफ वाहन पुल के नीचे करीब 20 फीट गहिराह गड़हा में जा गिरल। एह हादसा में चार जवानन के घायल होखला के सूचना बा। जवानन के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां से गंभीर इस्थिति के देखत दु जवानन के पटना रेफर कइल गइल।

घटना जमुई के सोनो-चकाई मुख्य मार्ग पs खपरिया पुल पs भइल। बतावल जा रहल बा कि घायल सब जवान जमुई पुलिस लाइन में पदस्थापित बा लो। देर रात चकाई कैम्प जाये के दौरान जवानन के वाहन हादसा के शिकार हो गइल।

501830cookie-checkJamui में CRPF जवानन के गाड़ी पुल से 20 फीट गहिरा गड़हा में गिरल, चार जवान घायल; गंभीर हालत में दु जवान पटना रेफर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.