Cristiano Ronaldo Leaves Man United: वर्ल्ड कप के बीचे क्रिस्टियानो रोनाल्डो छोड़ले मैनचेस्टर यूनाइटेड, क्लब जारी कइलस ई बयान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2022

क्रिस्टियानो रोनाल्डो के मैनचेस्टर यूनाइटेड के साथे सफर समाप्त हो गइल बा। माने कि अब रोनाल्डो तत्काल प्रभाव से मैनचेस्टर यूनाइटेड के हिस्सा ना होइहे। क्लब आ रोनाल्डो के बीच भइल आपसी समझौता के बाद

Share

क्रिस्टियानो रोनाल्डो के मैनचेस्टर यूनाइटेड के साथे सफर समाप्त हो गइल बा। माने कि अब रोनाल्डो तत्काल प्रभाव से मैनचेस्टर यूनाइटेड के हिस्सा ना होइहे। क्लब आ रोनाल्डो के बीच भइल आपसी समझौता के बाद ई खबर सामने आइल बा।

मैनचेस्टर यूनाइटेड एकरा के लेके एगो बयान जारी कइलस 

क्रिस्टियानो रोनाल्डो तत्काल प्रभाव से मैनचेस्टर यूनाइटेड छोड़ रहल बाड़े। आपसी समझौता के बाद ई फसीला भइल बा। क्लब उनका के ओल्ड ट्रैफर्ड में दु सीजन बितावे आ सानदार जोगदान देवे खातिर धन्यवाद देत बिया। ऊ टीम खातिर 346 मैचन में 145 गोल कइलें। उनका आ उनका परिवार को भविष्य खातिर सुभकामना। मैनचेस्टर यूनाइटेड में सब केहू एरिक टेन हैग के तहत टीम के प्रगति के जारी राखे आ पिच पs सफलता प्राप्त करे खातिर मिलके काम कइला पs केंद्रित रहेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.