[the_ad_group id="30365"]

सीवान में बदमाश चलत ट्रेन से जुवक के फेंकलें सs:मोबाइल छीने के करत रहलें सs कोसिस, विरोध कइला पs मारपीट कs के फेंक देलें सs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में पैसेंजर ट्रेन में एगो जुवक मोबाइल छीने के विरोध कइलें सs तs अपराधी ओकरा के चलत ट्रेन के बाहर फेंक दलें सs। घटना सीवान-छपरा मुख्य रेलखंड पs रेलवे स्टेशन के 200 मीटर पहिले के हs। घटना सुक के सबेरे के हs।

एगो जुवक अपना दीदी के घर महाराजगंज से वापस अपना घरे जाये खातिर रेलवे स्टेशन से पैसेंजर ट्रेन में बइठल। ओकरा पीछे चार के संख्या में अपराधी पड़ गइलें सs। सीवान रेलवे स्टेशन पs ट्रेन पहुंचे वाला रहे। जुवक उतरे खातिर गेट के लगे आके खड़ा हो गइल। अपराधी ओकरा लगे पहुंचलें आ ओकरा मोबाइल छीने लगलें। जुवक जब मोबाइल छीने के विरोध कइलस आ शोर मचावे के सुरू कइलस तब बदमाश मारपीट कs के ओकरा के चलत ट्रेन से बाहर फेंक देलें सs आ फरार हो गइले सs।

जुवक चलत ट्रेन से बाहर गिरके गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। ओकरा माथा में गंभीर चोट आइल बा। स्थानीय लोग ओकरा के आनन-फानन में सीवान के सदर अस्पताल में भर्ती करावल, जहां ओकर इलाज जारी बा। ओहिजा, जीआरपी पुलिस के एकर सूचना दिहल गइल।

जीआरपी पुलिस के कहनाम बा कि अपराधियन के पकड़ लिहल जाव। घायल पीड़ित रघुनाथपुर थाना क्षेत्र के रघुनाथपुर के रहे वाला श्रीपति राम के 24 साल के लईका रोहित कुमार राम हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]