[the_ad_group id="30365"]

बिहार में अपराधियन के तांडव ,मंदिर के बहरी 7 राउंड फायर …..बाप के मउत,बेटा के गम्हीर हालत 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

घटना वासुदेवपुर ओपी क्षेत्र के ह। बदमाश के संख्या 8 बतावल जाता। ओपी से महज 200 गज दूर केमथा में हनुमान मंदिर के बहरी बाप बेटा बईठल रहले। मरेवाला जय माँ चंडिका ट्रांसपोर्ट के मालिक रामचंद्र यादव हवे। बदमाश बाइक से आके करीब 7 राउंड फायरिंग कईले।

राहुल कुमार (35) के पीठ में गोली के चोट बा। पुलिस ए घटना के पीछे वर्चस्व के लड़ाई अवुरी जमीन के विवाद के कारण मानतिया।

3 दिन पहिले पिता के धमकी मिलल रहे

रामचंद्र यादव के दूसरा बेटा आशीष बतवले कि अपराधी दुनो लोग के गोली से फायरिंग कईले। माथा में गोली लगला के बाद पिता के जगहे पs मउत हो गईल। उहाँ भाई के बाईं ओर पीठ में गोली लागल बा। जेकरा के सदर अस्पताल ले जाइल गइल। जहाँ प्राथमिक चिकित्सा के बाद उच्च केंद्र के रेफर कईल गईल बा।

आशीष बतवले कि बदमाश तीन दिन पहिले पिता रामचंद्र यादव के धमकवले रहले। ए मामला में वासुदेवपुर थाना में आवेदन भी दिहल गईल, लेकिन पुलिस ओकरा के संज्ञान में ना लेलस। अब अपराधी पिता के हत्या क देले।

मउका से 8 खोखा बरामद भइल

घटना के बाद परिवार के लोग अवुरी स्थानीयता के लोग आरोपी के जल्दी से जल्दी गिरफ्तारी के मांग कईले। गांव के लोग सहित रिश्तेदारन के हंगामा मचावे जानकारी पs डीएसपी राजेश कुमार समेत बसुदेवपुर, पूरबसराय, कासिम बाजार, मुफस्सिल थाना के पुलिस मउका पs पहुंच के लोग के शान्त क देलस। पुलिस मउका से 8 गो खोखा बरामद क लेले बिया।

वर्चस्व के लड़ाई में हत्या

सदर के एसडीपीओ राजेश कुमार बतवले कि फायरिंग के घटना भईल। एक के मउत हो गइल बा आ दोसरका घवाहिल बा। पुलिस अपराधी के पहचान क गिरफ्तारी खातीर छापामारी करतिया। कुछ नाम सामने आइल बा। ए घटना के पीछे वर्चस्व अवुरी जमीन के विवाद कहल जाता।

साभार- दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]