[the_ad_group id="30365"]

बैंक कर्मी से लूट ममिला में बदमाश गिरफ्तार : गोपालगंज में जिंदा कारतूस आ मोबाइल बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के मीरगंज थाना क्षेत्र के खरगी गांव के लगे बैंक कर्मी के हथियार के बल पर लूटला के ममिला में पुलिस आरोपी बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार बदमाश के लगे से देसी कट्टा, कारतूस, बाइक आ मोबाइल के बरामद कइल गइल बा। गिरफ्तार बदमाश के पहचान मीरगंज थाना क्षेत्र के मटिहानी नैन गांव निवासी देवेंद्र प्रसाद के बेटा गोलू प्रसाद उर्फ चुन्नु के रूप में कइल गइल बा।

हथुआ एसडीपीओ आनंद मोहन गुप्ता बतवलें कि 10 जुलाई के देर सांझ सीवान के रिवीलगंज थाना क्षेत्र के गोदना मठिया गांव निवासी हरे कृष्णा गिरी के तीन अपराधी मीरगंज थाना क्षेत्र के बाइपास रोड के किनारे हथियार दिखाके लूट लेले रहे। एह दौरान मोबाइल, 5000 रुपिया, बाइक लूट लिहल गइल रहे। एकरा अलावे आउर अभियुक्तन के गिरफ्तारी आ सामान के बरामदगी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]