[the_ad_group id="30365"]

चाकू लगला से जुवक के मौत के बाद, बवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बड़हरिया (सीवान)। सुबाष कुमार शर्मा: बड़हरिया थाना क्षेत्र के नरहरपुर गांव के लगे बियफे के अहले सबेरे चाकूबाजी में एगो जुवक के मौत हो गइल। ओहिजा कुछ के घायल होखला के बात सामने आ रहल बा। मृतक के पहचान गोपालगंज जिला के थावे थाना क्षेत्र के उदंतराय बंगरा निवासी अरुण कुमार उपाध्याय के लईका शशि कुमार उपाध्याय के रूप में कइल गइल बा। मौत के बाद आक्रोशित ग्रामीण आरोपित के घरे पहुंच के बवाल क दिहल लो।

घटना के संबंध में बतावल जात बा कि मृतक शशि कुमार उपाध्याय बगल के गांव नरहरपुर में गइल रहे जहां ओकरा अपना संघतिया लोगन से मिले के रहे। अहले सबेरे ऊ टहले निकलल। एही दौरान नवलपुर गांव के निवासी अपराधी किस्म के जुवक रानू सिंह ओकरा प चाकू से हमला बोल दिहल। चाकू के हमला से जुवक बुरी तरह जख्मी हो गइल। घायल अवस्था में शशि कुमार उपाध्याय अपना गांवे पहुंचल जहां ऊ दम तोड़ दिहलस।

घटना के जानकारी होखते आक्रोशित ग्रामीण लोग आरोपित रानू सिंह के घरे पहुंच गइल लो आ आग लगा दिहल लो। घटना के सूचना मिलतही बड़हरिया आ गोपालगंज जिला के थावे थाना क्षेत्र के पुलिस घटनास्थल प पहुंचल आ घटना के जानकारी जुटवलस। ओने, पुलिस सीवान फायर बिग्रेड के टीम के सूचना देलस कवनो तरे आरोपित के घर के लगे लागल आग के बुझववलस।

घटना के लेके नरहरपुर गांव आ उदंत राय बंगरा गांव के बीचे तनाव कायम बा। घटना के लेके दुनो गांव के बीच तनाव के देखत पुलिस घटनास्थल प कैंप कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]