Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सानिया मिर्जा क्रिकेटर पति के राह पs, कोहली के टीम में मवका, मिलल खास जिम्मेदारी

Sania Mirza Mentor: बीसीसीआई (BCCI) के ओर से पहिला बेर महिला आईपीएल के आयोजन कइल जा रहल बा। पिछला दिने एकर ऑक्शन भइल। 5 टीमन में कुल 87 खिलाड़ियन के जगह मिलल बा। एह बीच आरसीबी (RCB) महिला टीम खातिर बतौर मेंटॉर पूर्व टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के चुनले बा।

1,706

सानिया मिर्जा (Sania Mirza) टेनिस कोर्ट पs कइयन गो रिकॉर्ड बनवली आ ग्रैंड स्लैम टाइटिलो जीतली। पिछला दिनन ऊ खेल के अलविदा कह देली। अब ऊ क्रिकेट के मैदान पs नया राेल में दिखी। बीसीसीआई (BCCI) पहिला बेर महिला आईपीएल के आयोजन कर रहल बा। 4 मार्च से एकर सुरुआत होखे जा रहल बा। एह बीच आरसीबी (RCB) महिला टीम खातिर सानिया मिर्जा के आपन मेंटॉर बनवले बा। सानिया अपना नया रोल के लेके बेहद उत्साहित बानी। महिला लीग में कुल 5 टीम उतर रहल बा। पिछला दिनन भइल ऑक्शन में कुल 87 खिलाड़ियन पs बोली लागल। एमे 30 बिदेसी सामिल बा लो। आरसीबी स्मृति मंधाना के 3.40 करोड़ रुपिया में किनलस। ऊ लीग के सबसे महंगा खिलाड़ी बाड़ी।

आरसीबी अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs सानिया मिर्जा से बातचीत के एगो वीडियो पोस्ट कइल गइल बा। एमे सानिया मिर्जा कहली कि ऊ अपना नया रोल के लेके काफी उत्साहित आ रोमांचित बाड़ी। ऊ कहली कि हम प्रोफेशनल टेनिस से लगभग 20 साल तक जुड़ल रहेम। अब संन्यास के बादो खेल में जोगदान चाहत बानी। खेल कवनो होखे, एमे दबाव एक जइसन रहत बा।

टीम बॉन्डिंग जरूरी

सानिया मिर्जा कहली कि कवनो खेल में टीम बॉन्डिंग आ टीम बिल्डिंग जरूरी होला। हम आरसीबी के खिलाड़ियन के संगे एहिजा से सुरुआत कइल चाहत बानी। हम पिछला 20 साल में जवन कुछ सीखले बानी, हम ओकरा के दोसर खेलाड़ियन के संगे जरूर बांटल चाहेम। मालूम होखे कि सानिया पाकिस्तान क्रिकेटर शोएब मलिक से बियाह कइले बाड़ी। ओह लोगन के एगो बेटा बा। सानिया आ शोएब के बीच तलाक के खबर आइल, बाकिर अब तक दुनो के ओर से एकर पुष्टि नइखे कइल गइल।

आरसीबी में स्मृति मंधाना के अलावे ऋचा घोष, एलिस पेरी, रेणुका सिंह, सोफी डिवाइन जइसन बड़ खिलाड़ी सामिल बा लो। टी20 लीग के मुकाबला 4 से 26 मार्च तक खेलल जाई। मुंबई के 2 वेन्यू पs कुल 22 मुकाबला खेलल जाई। पहिला मुकाबला गुजरात जायंट्स आ मुंबई इंडियंस के बीच होई। लीग के टॉप टीम फाइनल में जाई। ओहिजा दूसरा आ तीसरा नंबर पs रहे वाला टीम के बीच एलिमिनेटर मुकाबला होई। ई मैच जीते वाली टीम खिताबी मुकाबला में प्रवेश करी।

461930cookie-checkसानिया मिर्जा क्रिकेटर पति के राह पs, कोहली के टीम में मवका, मिलल खास जिम्मेदारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.