[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA 4th T20I: भारत के दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ सबसे बड़ जीत, कार्तिक-आवेश के दम पs सीरीज 2-2 बराबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IND vs SA 4th T20I: अनुभवी विकेटकीपर बल्लेबाज दिनेश कार्तिक (55 रन) के टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में पहिला अर्धशतक के बाद आवेश खान (18 रन देके चार विकेट) आ बाकी खेलाडियन के शानदार प्रदर्शन के बदौलत भारत सुक के राजकोट के सौराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम में खेलल गइल चउथा टी20 मैच में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ 82 रन के जीत दर्ज कs लेलस आ पांच मैचन के सीरीज में 2-2 से बराबरी हासिल कs लेलस। भारत के एह जीत के बाद अब सीरीज के फसीला 19 जून के बेंगलुरू में होखे वाला पांचवां आ निर्णायक टी20 मैच से होई। सीरीज में 0-2 से पिछड़ला के बाद शानदार वापसी करत भारत के दक्षिण अफ्रीका पs टी20 में ई सबसे बड़ जीत हs। एकरा पहिले भारत विशाखापटनम में दक्षिण अफ्रीका के 48 रन से आ 2007 में डरबरन में 37 रन से मात देले रहस

कार्तिक 16 साल बाद जड़ले फिफ्टी, एह लिस्ट में इकलौता भारतीय बल्लेबाज

कार्तिक (27 गेना, नौ चौका, दु छक्का) 2006 में अपना टी20 डेब्यू के 16 साल बाद पहिला अर्धशतक जड़ले आ उप कप्तान हार्दिक पांड्या (46 रन) के साथे पांचवां विकेट खातिर 33 गेना में 65 रन क्व साझेदारी से भारत के छव विकेट पs 169 रन के चुनौतीपूर्ण स्कोर बनावे में मदद कइले। एह लक्ष्य के पीछा करे उतरल दक्षिण अफ्रीकी टीम 16.5 ओवर में महज 87 रन पर सिमट गइल।

दक्षिण अफ्रीका के ई टी20 में सबसे कम स्कोर हs। ओकर खाली लिए तीन बल्लेबाज दोहरा अंक के स्कोर तक पहुंच सकले। रासी वान डर डुसेन 20 रन बनाके शीर्ष स्कोरर रहले। एकरा से पहिले, दक्षिण अफ्रीका के न्यूनतम स्कोर 2020 में बनल रहे जब अफ्रीकी टीम आस्ट्रेलिया के खिलाफ जोहानिसबर्ग में 89 रन पर ढेर हो गइल रहे।।

भारतीय गेंदबाज लगातार अंतराल पs विकेट हासिल कइल लो, जेमे आवेश खान 18 रन देके चार विकेट चटकवले, जवना में एक ओवर में तीन विकेट झटकल शामिल रहल। युजवेंद्र चहल चार ओवर में 21 रन देके दु विकेट जबकि अक्षर पटेल आ हर्षल पटेल के एक एक विकेट मिलल।

एकरा पहिले, बल्लेबाजी के नेवता मिलला के बाद भारतीय टीम चार विकेट पर 81 रन बनाके जूझत रहे जवना के बाद कार्तिक आ हार्दिक (31 गेना में तीन चौका आ एतनही छक्का) अर्धशतकीय साझेदारी निभाके टीम के एह स्कोर तक पहुंचावल। एह दुनों खेलडियन के बदौलत भारत अंतिम पांच ओवर में 73 रन जोड़लस। दक्षिण अफ्रीका अपना मुख्य गेंदबाज कागिसो रबाडा के चोटिल होखला के कारण मैच में ना खेलला के बावजूद भारतीयों के पावरप्ले में बैकफुट पs पहुंचा देलस।

पावरप्ले के बाद कप्तान ऋषभ पंत आ हार्दिक 41 रन के साझेदारी निभाके पारी के बढ़ावल लो। हार्दिक तबरेज शम्सी पs लगातार छक्का जड़ले। भारतीय कप्तान एक बार फेर वाइड गेना पs बड़ शॉट लगावे के प्रयास में आउट हो गइलें। केशव महाराज जानबूझके वाइड गेना डलले आ पंत उनका झांसा में आके बल्ला छुआके थर्डमैन पs खड़ा खिलाड़ी के कैच देके आउट भइले। सीरीज में चउथा बेर पंत आफ स्टंप के बाहर जात वाइड गेना पs आउट भइले। ओकरा बाद हार्दिक आ कार्तिक मिलके यादगार पारी खेलल लो।

दिसंबर 2006 (भारत जब छोट प्रारूप टी20 में आपन पहिला मैच खेलले रहे) में टी20 पदार्पण करे वाला कार्तिक आपन पहिला अर्धशतक पूरा कइलें। कार्तिक अपना स्वीप शॉट पs निर्भर रहले, ऊ स्पिनरन आ तेज गेंदबाजन पs स्क्वायर लेग, काउ कार्नर आ रिवर्स पs स्वीप शॉट से बाउंड्री लगवले। उनकर पारी के सबसे आकर्षक स्ट्रोक तेज गेंदबाज ड्वेन प्रिटोरियस के गेना पs डीप स्क्वायर लेग पs रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]