Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में चार साल के मासूम समेत कार उठा ले गइल क्रेन

गोरखपुर शहर में बियफे के संवेदनहीनता के खौफनाक आ शर्मनाक तस्वीर सोझा आइल। सड़कन प नो-पार्किंग में खड़ा गाड़ियन के उठावे वाला एगो  क्रेन चार साल के मासूम सहित कार के उठा ले गइल।

198

गोरखपुर शहर में बियफे के संवेदनहीनता के खौफनाक आ शर्मनाक तस्वीर सोझा आइल। सड़कन प नो-पार्किंग में खड़ा गाड़ियन के उठावे वाला एगो  क्रेन चार साल के मासूम सहित कार के उठा ले गइल। बदहवास पिता कार में बइठल मासूम लईकन के हवाला देत शोर मचवले बाकिर चालक के ना त संवेदना जागल आ ना कवनो नियम कानून के कवनो खौफ लउकल। बाप पीछे-पीछे भागत रहले बाकिर ऊ पुलिस लाइन ले गइला कार के नीचा उतरलस। विरोध जतवला प कार छोड़ल गइल।

तारामंडल इलाका में रहे वाला अभिजीत सिंह के चार साल के बेटा सिविल लाइन इस्थित एगो स्कूल में पढ़ेला। बियफे के लगभग एक बजे स्कूल के छुट्टी के बेरा अभिजीत बेटा के लेवे स्कूल पहुंचले। उहां से ओकरा लेके गोलघर में जलकल के बगल में इस्थित एगो दुकान के सोझा पहुंचले। उहां सड़क किनारे गाड़ी खड़ा क के बेटा के स्कूल ड्रेस किने दोकान में चल गइले। अभिजीत के कहनाम बा कि लईका के पेट में दर्द होत रहे, एहिसे ऊ ओकरा के कार में छोड़ देले रहस। ऊ बतवले कि दुकान प अभी ऊ ड्रेस किनते रहस तबे ओहिजा एगो क्रेन आइल आ कार उठाके ले जाये लागल। अभिजीत एह प शोर मचवले, चालक के आवाज देलस कि कार में लईका बा, बाकिर चालक एक ना सुनले आ कार लेके पुलिस लाइन पहुंच गइल। इहां चालक के संगे अभिजीत सिंह के बहुते बहस भइल। मुख्यमंत्री के दौरा के देखत आइल सुरक्षाकर्मियन के टीम इ सब देखत रहे। टीम के लोग जब विरोध कइल तब चालक अभिजीत के कार छोड़लस।

मीडिया के ओर से संज्ञान में ई ममिला आइल बा, जांच के जरूरत नइखे। एतना असंवेदनशील व्यक्ति के चिह्नित क के तत्काल नौकरी से बर्खास्त कइल जाई। हमनी के कोसिस  को व्यवस्थित सुशहर के सुविधाजनक वातावरण देवे के बा ना कि आर्थिक लाभ खातिर एतना असंवेदनशील रवैया देखावे के। एह ममिला में कार्रवाई नजीर बनल। अभिभावक के पहुंचल तकलीफ हमरो खातिर पीड़ादायक बा। एह कृत्य के निंदा करत बानी।

अविनाश कुमार सिंह, नगर आयुक्त गोरखपुर

354990cookie-checkगोरखपुर में चार साल के मासूम समेत कार उठा ले गइल क्रेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.