छत्तीसगढ़ में पहिला बेर गो-विज्ञान परीक्षा, 7 सितंबर से सुरू होंई रजिस्ट्रेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 5, 2024

  एह राज्य में पहिला बेर गो-विज्ञान के परीक्षा के आयोजन कईल जाता। स्टेट टॉपर के 51 हजार रुपिया के नकद पुरस्कार दिहल जाई। रजिस्ट्रेशन 7 सितंबर से शुरू होखी आ 15 अक्टूबर ले चली.

Share

गो-विज्ञान परीक्षा: फोटो

 

एह राज्य में पहिला बेर गो-विज्ञान के परीक्षा के आयोजन कईल जाता। स्टेट टॉपर के 51 हजार रुपिया के नकद पुरस्कार दिहल जाई। रजिस्ट्रेशन 7 सितंबर से शुरू होखी आ 15 अक्टूबर ले चली. राज्य के गो संरक्षण आ संवर्धन समिति एह परीक्षा के संचालन करत बिया जवना में स्कूल आ कॉलेज के विद्यार्थी भाग लीहें. संगठन के प्रांत संयोजक इरन्ना सपारे आ सुबोध राठी के मुताबिक राज्य के पांच लाख छात्र एs परीक्षा में शामिल होईहे।

आयोजक लोग के कहनाम बा कि एह आयोजन के मुख्य उद्देश्य स्कूल आ कॉलेज के छात्रन में गाय के बारे में जानकारी दिहल बा। गाय के धार्मिक आ वैज्ञानिक महत्व के बारे में वर्तमान पीढ़ी के समझावे के बा। कहीं समाज गाय पालन से हट रहल बा, जवना के चलते सड़क पs गाय छोड़ल जा रहल बा।

एकरा चलते रोज सैकड़ों सड़क दुर्घटना होखता। एह अभियान में परीक्षा के साथे स्कूलन में गाय के महत्व पs प्रदर्शनी के आयोजन कइल जाई, सेमिनार आ व्याख्यान के आयोजन कइल जाई.

परीक्षा के आयोजन से जुड़ल लोग हर स्कूल-कॉलेज में जाई. लइकन के रजिस्ट्रेशन के बारे में बताई। लइकन के एगो किताब भी दिहल जाई। ई किताब गाय से जुड़ल ज्ञान पs आधारित बा। एह किताब से जुड़ल सवाल परीक्षा में पूछल जाई. विद्यार्थियन के रजिस्ट्रेशन खातिर 50 से 100 रुपिया के फीस तय कइल गइल बा.12 जनवरी के होखे वाला राज्य स्तरीय गौ सेवा संगम कार्यक्रम में उम्मीदवारन के सम्मानित कइल जाई.

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.