[the_ad_group id="30365"]

बिहार के अस्पतालन में आज कोरोना के मॉक ड्रिल: 24 घंटा में 42 नया केस, अकेले पटना से 14; अबतक PMCH के 4 डॉक्टर्स संक्रमित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में कोरोना संक्रमण लगातार बढ़त जा रहल बा। अतवार के राज्य में 42 नया मरीज मिलल बा। एमे पीएमसीएच के एगो डॉक्टर समेत पटना के 14 लोग बा।

पटना के जवना इलाकन में मरीज मिलल बा लो, ओमे पीएमसीएच, वालमी, वृंदावन काॅलोनी, अनीसाबाद, बहादुरपुर, शाहपुर, खगौल, संपतचक आदि सामिल बा।

एकरा संगही अब राज्य में एक्टिव मरीजन के संख्या 145, जबकि पटना में 78 हो गइल बा। अभी ले पीएमसीएच के चार डॉक्टर कोरोना संक्रमित हो चुकल बा लो।

नया संक्रमितन में 14 पटना जिला के, एगो अस्पताल में भर्ती

सनीचर के राज्य में 46 मरीज मिलल रहे, जेमे 26 पटना के रहे। एगो मरीज अस्पताल में भर्ती बा। बाकी होम आइसोलेशन में बा लो। स्वास्थ विभाग ने सब अस्पतालन के कोरोना मरीजन के इलाज के बेवस्था दुरुस्त रखे आ ऑक्सीजन प्लांट के कार्यरत रखे के कहले बा लो। एह बीच, अस्पतालन में इलाज के बेवस्था परखे खातिर सोमार के मॉक ड्रिल हाेई।

रेलवे अस्पताल में मास्क लगावल अनिवार्य

करबिगहिया इस्थित सेंट्रल सुपर स्पेशियलिटी हॉस्पिटल में बोखार रहला पs मरीजन के कोरोना जांच करावल जा रहल बा। संगही चिकित्सकन के संगे-संगे मरीजन के खातिर मास्क लगावल अनिवार्य कs दिहल गइल बा। हॉस्पिटल के एमडी बतवलें कि दानापुर में रेलवे के कोविड डेडिकेटेड हॉस्पिटल बा।

अभी इस्थिति ओइसन नइखे, बाकिर जरूरत पड़ल तs ओकरा के एक्टिव कs दिहल जाई। सेंट्रल सुपर स्पेशियलिटी हॉस्पिटल में पर्याप्त संख्या में वेंटिलेटर, पीपीयू किट आ ऑक्सीजन के सुविधा उपलब्ध बा। ओपीडी में जदि कोरोना मरीज मिलल तs ओकरा के दानापुर रेफर कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]