Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid-19: डाक्टर लोग के सलाह- कोरोना संक्रमण पहाड़ी स्टेशन पे अधिका, गरमी के छुट्टी में सावधान रही

आंकड़ा के मुताबिक हिमाचल प्रदेश, जम्मू कश्मीर, उत्तराखंड आ पूर्वोत्तर राज्य के बहुत जिला में संक्रमण जादे बा। हिमाचल प्रदेश के छह जिला आ जम्मू कश्मीर के तीन जिला में कोरोना के साप्ताहिक संक्रमण दर 11 से 28 प्रतिशत के बीच बा।

118

गर्मी के छुट्टी में सब केहू हिल स्टेशन पे जाके प्रकृति के आनंद लेवे के चाहत बा। हालांकि अबकी बेर एह जगहन पे कोरोना संक्रमण के अधिका प्रसार का चलते समस्या हो सकेला. अयीसना में डॉक्टर के कहनाम बा कि छुट्टी में जाके लोग के सावधान रहे के चाही।

आंकड़ा के मुताबिक हिमाचल प्रदेश, जम्मू कश्मीर, उत्तराखंड अवुरी पूर्वोत्तर राज्य के बहुत जिला में संक्रमण जादे बा। हिमाचल प्रदेश के छह जिला आ जम्मू कश्मीर के तीन जिला में कोरोना के साप्ताहिक संक्रमण दर 11 से 28 प्रतिशत के बीच बा। एही तरे उत्तराखंड के पांच जिला में संक्रमण के प्रसार 40 प्रतिशत तक दर्ज भईल बा। केरल में पिछला हफ्ता 11,296 नया कोविड केस दर्ज भइल बा | इ पिछला हफ्ता के मुक़ाबले 2.4 गुना जादा बा। महाराष्ट्र दुसरका नंबर पे बा जवना में 4587 नया मरीज मिलल बाड़े जवन 32 फीसदी के बढ़ोतरी बा| पिछला एक हफ्ता में दिल्ली में कोरोना केस में 94 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा |

पहाड़ के हालत इहे बा

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के मुताबिक हिमाचल प्रदेश के बिलासपुर, कांगड़ा, उना, सोलन, सिरमौर अवुरी हमीरपुर में संक्रमण के दर क्रमशः 13.28, 13.06, 13.14, 11.35, 22.71 अवुरी 28 प्रतिशत बा। एही तरे जम्मू कश्मीर में पिछला एक सप्ताह में अनंतनाग में 27.91%, बंदिपोरा में 24.56% अवुरी श्रीनगर में 18.35% नमूना संक्रमित पावल गईल बा। उत्तराखंड के चमोली में अधिकतम 40 प्रतिशत नमूना पॉजिटिव पावल जा रहल बा। पिठौरागढ़ में 20, देहरादून में 13.91, अल्मोड़ा में 13.16 आ चम्पावत में 10.71 प्रतिशत संक्रमण भइल बा।

 

सक्रिय मरीजन के संख्या 37 हजार पार हो गइल

देश में आठ हप्ता बाद भी कोरोना संक्रमण कम नइखे भइल। 3 से 9 अप्रैल के बीच देश में 36,250 लोग कोरोना के चपेट में आ चुकल बाड़े, जबकि पिछला एक सप्ताह में 20,293 लोग संक्रमित पावल गईल बाड़े। मंगल का दिने स्वास्थ्य मंत्रालय के कहना बा कि पिछला दिने कोरोना संक्रमण का चलते 5676 गो मरीज मिलल बा | हालांकि सोमवार के इ संख्या 5,880 रहे। सक्रिय मरीजन के संख्या बढ़ के 37,093 हो गइल बा |

 

मॉकड्रिल सफल भइल, अस्पताल महामारी से लड़े खातिर तइयार

कोरोना महामारी के तइयारी के समीक्षा करे खातिर अस्पतालन में दू दिन के मॉक ड्रिल सफल रहल | मंगल के दिने देश के 15 हजार से अधिका अस्पताल एह मॉक ड्रिल में भाग लिहले जबकि सोमार के दिने दस हजार अस्पताल एहमें भाग लिहले | मंगलवार के केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय कहलस कि मॉक ड्रिल सभ राज्य में सफल भईल बा। एह अभ्यास के बाद कहल जा सकेला कि महामारी से निपटे खातिर हमनी के अस्पताल पूरा तरह से तइयार बा. दवाई, ऑक्सीजन सप्लाई अवुरी बेड के अलावे वेंटिलेटर के तकनीकी खामी भी दूर क दिहल गईल बा। पिछला साल 27 दिसंबर के भइल मॉक ड्रिल में करीब 15 फीसदी अस्पतालन में वेंटिलेटर के तकनीकी समस्या के खबर आइल बा |

513110cookie-checkCovid-19: डाक्टर लोग के सलाह- कोरोना संक्रमण पहाड़ी स्टेशन पे अधिका, गरमी के छुट्टी में सावधान रही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.