[the_ad_group id="30365"]

Covid-19 : कोरोना वायरस एक बेर फेरु डरावल शुरू क देले बा, 24 घंटा में नया केस 38 प्रतिशत बढ़ गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत में कोरोना वायरस : 24 घंटा में देश भर में 10542 लोग कोरोना वायरस से संक्रमित भइल बा, जबकि एह दौरान 27 लोग के मौत हो चुकल बा। एकरा बाद कोविड-19 से संक्रमित सक्रिय मरीजन के संख्या 63562 हो गइल बा।

भारत में कोविड-19 केस में 38 प्रतिशत के बढ़ोतरी : भारत में कोरोना वायरस के केस एक बेर फेरु से डरावना हो गईल बा आ पछिला 24 घंटा में कोविड-19 के नयका केस में 38 प्रतिशत के बढ़ोतरी दर्ज भईल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक भारत में पछिला 24 घंटा में कोरोना के 10542 मामला सामने आईल बा, जबकि एकरा से पहिले मंगलवार (18 अप्रैल) देश भर में 7633 लोग कोविड-19 से संक्रमित भईल रहले ….एही हिसाब से 24 घंटा में देश भर में कोरोना वायरस के नया मामला में 38 प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा।

 24 घंटा में कवना राज्य में केतना केस आईल

स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक पछिला 24 घंटा में केरल में कोरोना के अधिकतम केस दर्ज भईल बा आ राज्य में 2041 लोग संक्रमित भईल बाड़े। एकरा बाद दिल्ली में अधिका से अधिका लोग संक्रमित भइल बा जहाँ 1537 लोग महामारी के चपेट में आ गइल बा। एकरा बाद हरियाणा में कोविड-19 के 965 आ महाराष्ट्र में 949 केस दर्ज भइल बा। एकरा साथे ही उत्तर प्रदेश में 818, छत्तीसगढ़ में 531 आ तमिलनाडु में 527 कोरोना वायरस के 24 घंटा में कोरोना वायरस के नया मामला सामने आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]