Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid-19: देस के अभी ना मिली कोरोना से राहत, स्वास्थ्य मंत्रालय बतवलस कब कम होई Covid-19 के केस

भारत में कोविड-19 के ममिला अगिला 10-12 दिन तक आउर बढ़ सकत बा, बाकिर ओकरा बाद एमे कमी आई। स्वास्थ मंत्रालय के आधिकारिक सूत्र बुध के ई जानकारी दिहल लो। ऊ लोग कहल कि संक्रमण अभी एंडेमिक स्टेज में बा आ सीमित क्षेत्र में बा।

3,302

भारत में कोविड-19 के ममिला अगिला 10-12 दिन तक आउर बढ़ सकत बा, बाकिर ओकरा बाद एमे कमी आई। स्वास्थ मंत्रालय के आधिकारिक सूत्र बुध के ई जानकारी दिहल लो। ऊ लोग कहल कि संक्रमण अभी एंडेमिक स्टेज में बा आ सीमित क्षेत्र में बा। सूत्र कहलस कि ममिला भलही बढ़ रहल बा, बाकिर अस्पताल में भर्ती होखे वालन के संख्या कम बा आ एकरा आगहू कमे बनल रहला के उम्मीद बा।

सबवैरिएंट एक्सबीबी.1.16 के वजह से संक्रमण के केसन में बढ़न्ती 

ऊ कहलें कि कोविड ममिलन में मवजूदा बढ़न्ती एक्सबीबी.1.16 के वजह से हो रहल बा जवन ओमिक्रोन के एगो सबवैरिएंट हs। ऊ कहलें कि वैक्सीन एह सबवैरिएंटो पs पूरा तरे असरकारक बा। एक्सबीबी.1.16 के प्रचलन एहसाल फरवरी में 21.6 प्रतिशत रहे जवन कि बढ़के मार्च में 35.8 प्रतिशत हो गइल। आधिकारिक सूत्र कहल लो कि अइसे एकरा एंट्री से अस्पताल में भर्ती होखे भा मृत्यु दर में बढ़न्ती के कवनो प्रमाण नइखे मिलल।

कोविशील्ड के निर्माण फेर सुरू

सीरम इंस्टीट्यूट आफ इंडिया (एसआइआइ) के सीईओ अदार पूनावाला बुध के कहा कि ऊ वायरस के संक्रमण के बढ़त ममिलन के बीच कोविड-19 वैक्सीन कोविशील्ड के निर्माण फेर से सुरू कs देले बाड़ें। ऊ कहलें कि कंपनी के लगे कोवोवैक्स वैक्सीन के 60 लाख बूस्टर खुराक पहिलही से उपलब्ध बा आ वयस्क लोग के ई बूस्टर डोज लेवे के चाहीं। दिसंबर 2021 में कोविशील्ड के निर्माण बंद कs दिहल गइल रहे। ऊ कोविड-19 टीकन के कमी पs प्रतिक्रिया व्यक्त करत कहलें कि निर्माता तइयार बा, बाकिर वैक्सीन के कवनो मांग जीरो बा।

सात महीना बाद कोरोना के रिकार्ड 7830 नया केस

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के बुध के अपडेट कइल गइल आंकड़न के मोताबिक, भारत में पिछला 24 घंटन के दौरान कोरोना वायरस संक्रमण के 7,830 नया केस मिलल बा। पिछला 223 दिनन में ई सर्वाधिक बा। एकरा पहिले पिछला साल एक सितंबर के संक्रमण के एक दिन में 7,946 ममिला सामने आइल रहे। एही के संगे देस में सक्रिय ममिलन के संख्या बढ़के अब 40,215 हो गइल बा। संक्रमण से 16 लोगन के जान गइल बा। केरल में पांच, दिल्ली, पंजाब आ हिमाचल प्रदेश में दु-दु आ गुजरात, हरियाणा, महाराष्ट्र, तमिलनाडु आ उत्तर प्रदेश में एक-एक व्यक्ति के मौत भइल बा।

कोविड-19 से मृत्यु दर 1.19 प्रतिशत बा

देस में संक्रमण के संख्या बढ़के अब 4,47,76,002 हो गइल बा। अभी तक कुल 4,42,04,771 लोग वायरस के मात देके ठीक भइल बा। संक्रमण से ठीक होखे वाला मरीजन के राष्ट्रीय दर 98.72 प्रतिशत बा। सक्रिय केस कुल ममिलन के 0.9 प्रतिशत बा। कोविड-19 से मृत्यु दर 1.19 प्रतिशत बा। देस में टीकाकरण अभियान के तहत 220.66 करोड़ कोरोनारोधी वैक्सीन लगावल जा चुकल बा।

513910cookie-checkCovid-19: देस के अभी ना मिली कोरोना से राहत, स्वास्थ्य मंत्रालय बतवलस कब कम होई Covid-19 के केस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.