[the_ad_group id="30365"]

Iphone 14 किने खातिर मां-बाप बेच दिहल आपन 8 महीना के लईका, पुलिस पकड़के जेल में डललस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल से एगो चौंकावे वाली घटना सामने आइल बा। कथित तौर पs इहां एगो मां-बाप आईफोन-14 किने  खातिर अपना महज आठ महीना के लईका के बेच दिहल। ममिला पश्चिम बंगाल के उत्तर 24 परगना जिला के बतावल जा रहल बा। स्थानीय पुलिस एह ममिला में लईका के मां आ लईका के किने वाली महिला के गिरफ्तार कs लेले बा, जबकि लईका के बाप के खोज रहल बा। ऊ फरार चल रहल बा। उम्मीद बा जल्दिये पकड़ल जाई।

जानकारी के मोताबिक आरोपी कपल के आर्थिक इस्थिति ठीक नइखे। अइसन में ओकरा हाथ में आईफोन देखके ओकर पड़ोसी चौक गइल रहे लो। बाद में जब पड़ोसी लोग ओह दुनु से ओकनी के लईका के बारे में पूछल लो तs सुरुआत में ऊ साफ जवाब ना देलस। बाकिर बाद में ऊ बतवलें सs पईसा खातिर ऊ आपन 8 महीना के लईका बेच देले बाड़े सs। लोग एकर जानकारी जइसही पुलिस के दिहल ऊ हरकत में आइल आ कार्रवाई करत आरोपियन के गिरफ्तार कs  लेलस।

एह ममिला में पुलिस जांच में इहो पवलस कि लईका के माई आईफोन लेके इंस्टाग्राम पs रील्स बनावल चाहत रहे। ओकरा लगे पईसा ना रहे एहिसे ऊ अपना पति के संगे मिलके अपना लईके के बेच देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]