[the_ad_group id="30365"]

भाग के रचइलस शादी, एक महीना के भीतरे कइलस पत्नी के हत्या, ससुर के फोन कइलस…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के झालावाड़ जिला से हत्या के एगो चौंकावे वाला मामिला सोझा आईल बा। कथित तौर पs इहाँ एगो 22 साल के युवक अपना पत्नी के हत्या कs देलस, जवन कि भागे अवुरी बियाह के एक महीना भी ना बीतल रहे। पत्नी के हत्या के बाद युवक अपना ससुर के भी फोन कs के बेटी के मउत के जानकारी देले। पत्नी के हत्या के बाद आरोपी पति फरार बा। पुलिस ओकरा के गिरफ्तार करे खातिर तलाशी अभियान चलावत बिया।

तेज हथियार से हत्या 

कथित तौर पs एगो 22 साल के राजाराम अपना पत्नी के तेज हथियार से हत्या कs देले बा। दांगीपुरा थाना प्रभारी सत्यनारायण गोचर बतवले कि सोमार के सांझ के करीब पांच बजे नशा में धुत्त राजाराम के सुनीता से झगड़ा भईल, बहस के दौरान राजाराम सुनीता के माथा पs तेज हथियार से मार देले, जवना के चलते सुनीता के मउत हो गईल मौका पs।

भाग के बियाह कs लिहलस

असल में झालावाड़ में रहे वाला राजाराम के सगाई पछिला साल पंचपिपली गांव के निवासी सुनीता से भईल रहे। हालांकि सुनीता के परिवार बियाह रद्द कs देले। दुनो लोग एक दूसरा से संपर्क में रहले अवुरी घर से भागला के बाद 10 फरवरी के एगो मंदिर में बियाह कs लेले। एकरा बाद सुनीता के परिवार रिश्ता खातीर मान लिहलस। पुलिस के मुताबिक राजाराम शराब के लत बा अवुरी बियाह के बाद से उनुका पत्नी से झगड़ा होखत रहे।

ससुर के फोन कs के सूचना देलस

पुलिस के कहनाम बा कि पत्नी के हत्या के बाद राजाराम अपना ससुर के फोन कs घटना के जानकारी देले। एकरा बाद महिला के पिता पुलिस के सूचना देले। पुलिस के कहनाम बा कि एसएचओ कहलस कि सुनीता के पिता के शिकायत के आधार पs राजाराम के खिलाफ हत्या के मामिला दर्ज हो गईल बा अवुरी गिरफ्तार करे के कोशिश कईल जाता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]