Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सऊदी अरब में भइल कोरोना के वापसी, भारत समेत 16 देश के यात्रा पs लगवलस प्रतिबंध

291

कोविड-19 के फेर से फइलला आ पिछला कुछ हफ्तन में रोज के कोविड संक्रमणन के संख्या तेजी से बढ़ला के बाद, सऊदी अरब अपना नागरिकन के भारत समेत सोलह देशन के यात्रा करे पs प्रतिबंध लगा देले बा।

गल्फ न्यूज के रिपोर्ट के मोताबिक, जवन सोलह देशन में सऊदी अरब के नागरिकन के यात्रा करे पs प्रतिबंध बा, ओमे भारत के अलावे लेबनान, सीरिया, तुर्की, ईरान, अफगानिस्तान, यमन, सोमालिया, इथियोपिया, कांगो लोकतांत्रिक गणराज्य, लीबिया, इंडोनेशिया, वियतनाम, आर्मेनिया, बेलारूस, आ वेनेज़ुएला शामिल बा।

सऊदी अरब घोषणा कइलस कि एह 16 देशन के अलावे, सऊदी नागरिक जवन गैर-अरब देशन के यात्रा करल चाहत बा लो, ओह लो के लगे छव महीना से बेसी के वैध पासपोर्ट होखे के चाहीं। ओमे आगे कहल गइल बा कि सऊदी गजट के अनुसार, अरब देशन के यात्रा ला पासपोर्ट के वैधता कम से कम तीन महीना के होखे के चाहीं।

उ इहो घोषणा कइलस कि बाकी खाड़ी सहयोग परिषद (जीसीसी) देशन के यात्रा करे आला नागरिक लो के लगे एगो राष्ट्रीय आईडी कार्ड होखे के चाहीं जवन कम से कम तीन महीना ला वैध होखे। यात्रा खातिर मूल पहचान पत्र आ परिवार के रजिस्ट्री अनिवार्य बा।

एकरा अलावे, सऊदी अरब में स्वास्थ्य मंत्रालय जनता के आश्वासन देले बा कि कि देश में अभी ले मंकीपॉक्स के एको ममिला के पता नइखे चलल। निवारक स्वास्थ्य खातिर उप स्वास्थ्य मंत्री अब्दुल्ला असिरी कहले कि किंगडम में कवनो संदिग्ध बंदर के ममिला के निगरानी आ खोज करे के क्षमता बा आ जदि कवनो नाया ममिला सोझा आवत बा तs संक्रमण से लडे खातिर तइयारो बा।

ऊ कहले, “अब ले, मनुष्यन के बीचे संचरण के ममिला बहुत सीमित बा, आ एहिसे एकरा से होखे आला कवनो प्रकोप के संभावना बहुत कम बा, इहां तक ​​ले ओहू देशन में जहां ममिलन के पता चलल बा।”

एही बीच, विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) 11 देशन में मंकीपॉक्स के 80 गो केस के पुष्टि कइले बा आ कहले बा कि एकर प्रकोप के सीमा आ कारण के बेहतर ढंग से समझे ला काम हो रहल बा।

 

255380cookie-checkसऊदी अरब में भइल कोरोना के वापसी, भारत समेत 16 देश के यात्रा पs लगवलस प्रतिबंध

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.