Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid 19 News: भारत, ब्रिटेन… 22 देसन में फइलल कोरोना के नया घातक वेरिएंट, दुनिया में फेर लागी प्रतिबंध!

Covid 19 Cases in India: कोरोना के नया वेरिएंट आकटूरस भा XBB.1.16 अब भारत समेत दुनिया के 22 देसन में फइल गइल बा। ब्रिटेन के वैज्ञानिक लोग चेतावनी देले बा कि विश्‍वभर में जवना तरे से टेस्टिंग आ कोविड रोकथाम के गतिविधि कम हो गइल बा, ओसे एक बेर फेर कोरोना प्रतिबंध लगावे के पड़ सकत बा।

4,149

Corona Cases in India: भारत समेत दुनियाभर में कोरोना वायरस के एगो नया वेरिएंट फेर से वैज्ञानिकन के डेरवावे लागल बा। कोरोना के एह नया वेरिएंट के नाम आकटूरस हs आ वैज्ञानिकन के कहनाम बा कि हमनी के एकरा से निपटे खातिर अभी तइयार नइखी सs। आकटूरस वेरिएंट के XBB.1.16 के नामो से जानल जाला आ ई पूरा दुनिया में बहुत तेजी से बढ़त जा रहल बा। एकरा वजह से कोरोना वायरस के ममिला बढ़ रहल बा आ वैज्ञानिक लगातार चेतावनी दे रहल बा लो। वैज्ञानिकन के माने के बा कि आकटूरस जल्दिये पूरा दुनिया में सबसे जादे प्रबल वेरिएंट बन जाई। आई जानल जाव कि कोरोना के ई नया वेरिएंट केतना खतरनाक बा…

भारत में नया वेरिएंट से कोविड के ममिलन में तेजी

वैज्ञानिक लोगन के कहनाम बा कि ओमिक्रोन के ई सब वेरिएंट पिछला स्‍ट्रेन के तुलना में जादे आक्रामक हो सकत बा। एकर वजह स्‍पाइक प्रोटीन म्‍यूटेशन बा। एह नया वेरिएंट के लईकन में बहुत बुरा असर पड़ रहल बा। लईका conjunctivitis के शिकार हो रहल बाड़े सs। भारत में एह समय कोरोना के ममिलन में बहुतजादे तेजी आइल बा।  हर सप्‍ताह भारत में 11,109 नया ममिला सामने आ रहल बा। वैज्ञानिकन के कहनाम बा कि ई आकटूरस वेर‍िएंट के वजह से बा। ई कोविड स्‍ट्रेन अब भारत, ब्रिटेन समेत दुनिया के 22 देसन तक पहुंच गइल बा। एकरा फइलला के क्रम लगातार जारी बा जवना से वैज्ञानिक टेंशन में आ गइल बा लो।

दुनिया में घट गइल बा कोरोना के टेस्टिंग 

ब्रिटेन के वायरोलॉजिस्‍ट प्रोफेसर लारेंस यंग ने द इंडिपेंडेंट से बातचीत में कहलें कि जब कबो एगो नया वेरिएंट पैदा होला तs रउआ ओकर पता लगावे के होला कि ‍का उ पहिले से जादे संक्रामक बा। जादे बेमारी पैदा करे वाला बा भा का ई जादे रोगजनक बा। एह तरे के चीज जीनोमिक सर्विलांस के महत्‍व ks दर्शावेला। ऊ सलाह देलें कि हमनी के तब तक ई ‍आश्वस्‍त नइखी हो सकत कि चारो तरफ कवन वेरिएंट बा आ कवना स्‍तर के संक्रमण एकरा वजह से हो रहल बा। ई तब तक पता ना चल पाई जब तक कि एकरा वजह से व्‍यापक प्रकोप नइखे फइल जात। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि दुनिया में टेस्टिंग, वैक्‍सीन लगवावे आ संक्रमण के वजह के पता लगावे के क्षमता में बहुते कमी आ गइल बा।

का फेर लगावे के होई कोरोना प्रतिबंध?

वैज्ञानिक लोग कहल कि एकर मतलब ई बा कि अगर दुनिया में ई कोविड के घातक वेरिएंट बढ़त बा तs हमनी का ओकरा खातिर तइयार ना होखेम सs। अइसन में एह वेरिएंट से बचे खातिर हमनी के एगो आउर सख्‍त प्रतिबंध लगावे के पड़ सकत बा। ऑक्‍सफर्ड वेरिएंट के रिपोर्ट के मोताबिक यूरोप में टेस्टिंग के दर साल 2022 के सुरुआत में गिरके 1000 लोगन पs 613 हो इल रहे जवन अब बहुते कम हो गइल बा। दुनिया में अब तक 5 अरब लोगन के कोरोना के टीका लाग चुकल बा। ई टीका कुछे महीनन में संक्रमण के रोके में कारगर बा। हालांकि अभियो 30 फीसदी लोग कोरोना के वैक्‍सीन से महरूम बा।

520840cookie-checkCovid 19 News: भारत, ब्रिटेन… 22 देसन में फइलल कोरोना के नया घातक वेरिएंट, दुनिया में फेर लागी प्रतिबंध!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.