Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोरोना फेर से पकड़लस रफ्तार, योगी सरकार अलर्ट मोड में, केजरीवाल आजु मीटिंग करिहें

देश में एक बार फिर कोरोना वायरस के गति बढ़ल बा। पिछला छह महीना में कोरोना के मामला में तेजी से बढ़ोतरी भईल बा। यूपी में जहां योगी सरकार अलर्ट मोड में बिया उहें केजरीवाल आज दिल्ली में एगो महत्वपूर्ण बैठक करीहे।

127

कोरोना फेर से पकड़लस रफ्तार, योगी सरकार अलर्ट मोड में, केजरीवाल आजु मीटिंग करिहें

देश में एक बार फिर कोरोना वायरस के गति बढ़ल बा। पिछला छह महीना में कोरोना के मामला में तेजी से बढ़ोतरी भईल बा। यूपी में जहां योगी सरकार अलर्ट मोड में बिया उहें केजरीवाल आज दिल्ली में एगो महत्वपूर्ण बैठक करीहे।

भारत में कोरोना वायरस : देश में एक बार फिर से कोरोना वायरस के मरीज तेजी से बढ़ रहल बा। कोरोना के बढ़त केस के देखत स्वास्थ्य विभाग राज्यन के एगो सलाह जारी कइले बा। गुरुवार के भारत में 3016 ताजा कोविड-19 मरीज मिलल जवन लगभग 6 महीना में कोरोना संक्रमण के मामला में एक दिन के सबसे जादा बढ़ोतरी रहे। रोजाना संक्रमण के मामला में भी 40 प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा। दिल्ली सरकार जनता के भरोसा देले बिया कि कोरोना से घबराहट के कवनो बात नईखे, काहेंकी अस्पताल में नयका मरीज के भर्ती के दर अभी भी कम बा।

गुरुवार के अपडेट भईल केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक देश में सक्रिय Covid केस बढ़ के 13,509 हो गईल बा।स्वास्थ्य मंत्रालय के बुधवार के आंकड़ा के मुताबिक भारत में 2,151 नया कोरोना मरीज मिलल बा। गुरुवार के आंकड़ा बतावत बा कि कोरोना के रोजाना केस में 40 प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा। बता दीं कि पिछला साल पिछला साल 2 अक्टूबर के देश में एक दिन में कोविड-19 के 3,375 केस बढ़ल रहे।

 

यूपी में अलर्ट मोड में योगी सरकार

गुरुवार के जारी एगो आधिकारिक विज्ञप्ति के मुताबिक, उत्तर प्रदेश में योगी आदित्यनाथ सरकार सभ फ्रंटलाइन कार्यकर्ता अउरी सरकारी अउरी निजी अस्पताल के ‘अलर्ट मोड’ में डाल देले बिया। सरकार कहलस कि राज्य में सभ पॉजिटिव सैंपल के जीनोम सीक्वेंसिंग कईल जाई। जवना जिला में कोरोना संक्रमण के पुष्टि हो रहल बा, ओहि जिला में सरकार के ओर से तुरंत जरूरी कार्रवाई करे के निर्देश दिहल गईल बा।

विज्ञप्ति मे कहल गईल कि, अधिकारी लोग से भी जिला में कोविड प्रबंधन खातिर श्वसन संक्रमण, इन्फ्लूएंजा निहन बेमारी (आईएलआई) अवुरी गंभीर तीव्र श्वसन संक्रमण (सारी) के मामला के कड़ाई से निगरानी करे के कहल गईल बा।

 

दिल्ली के अस्पताल में फेसमास्क अनिवार्य

दिल्ली के स्वास्थ्य मंत्री सौरभ भारद्वाज कहले कि राष्ट्रीय राजधानी में आम आदमी पार्टी के सरकार कोविड-19 के स्थिति पे बारीकी से नजर राखत बिया अउरी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल शुक्रवार के ए मामला पे समीक्षा बैठक बोलवले बाड़े। भारद्वाज इहो भरोसा दिहलन कि अस्पताल में भरती दर कम होखला का चलते घबराहट के जरूरत नइखे|

सौरभ भारद्वाज कहले कि, “हमनी के स्थिति के समीक्षा कईले बानी अउरी अस्पताल से कहले बानी कि जवना लोग में Covid के लक्षण बा ओकरा खातीर कोरोना के जांच करावे के सिफारिश कईल जाए। अस्पताल आवे वाला लोग के फेस मास्क लगावल जरूरी बा।”

 

भारत के पॉजिटिविटी रेट 2.73 प्रतिशत 

भारत में Covid-19 से मरे वालन के संख्या बढ़ के 5,30,862 हो गइल बा। 24 घंटा में कोरोना मौत के ताजा मामला में 3 महाराष्ट्र के, 2 दिल्ली के अउरी एक हिमाचल प्रदेश के अउरी 8 केरल के बाड़े।

शुक्रवार के सबेरे 8 बजे अपडेट भईल मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक कोरोना से रोजाना पॉजिटिविटी रेट 2.73 प्रतिशत दर्ज भईल, जबकि साप्ताहिक पॉजिटिविटी दर 1.71 प्रतिशत बतावल गईल। संक्रमण के गिनती 4.47 करोड़ बा। मंत्रालय के वेबसाइट के मुताबिक देश भर में कोविड-19 टीकाकरण अभियान के तहत अभी तक कोविड टीका के 220.65 करोड़ खुराक दिहल गईल बा।

 

498390cookie-checkकोरोना फेर से पकड़लस रफ्तार, योगी सरकार अलर्ट मोड में, केजरीवाल आजु मीटिंग करिहें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.