[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में हो रहल बा धर्म परिवर्तन: पिपराइच में लालच दे के बनावत रहलें ईसाई, तीन लोग गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के पिपराइच इलाका के महुअंवा खुर्द गांव में अतवार के प्रलोभन दे के लोग के ईसाई बनवले के आरोप में पुलिस तीन लोग के गिरफ्तार कs लिहलस। आरोप बा कि अतवार के धर्म सभा आयोजित कs के ई लोग धर्म परिवर्तन करावत रहलें। ओंने, तीनों के पकड़इले के बाद उनके समर्थक लोग थाना गेट पर पहुंच के विरोध जतावल। पुलिस सख्ती कs के सबके हटवलस।

प्रधान शैलेश कुमार के तहरीर पर पुलिस आरोपियन के खिलाफ धर्म परिवर्तन, जालसाजी, मेडिकल काउंसिल एक्ट के धारा में केस दर्ज क के जांच शुरू कर देहलस। पकड़ल गइल आरोपियन के पहचान महुअंवा खुर्द गांव निवासी अवधेश चौधरी, गोविंदपुर निवासी अमिता बच्चन अउरी भरपुरवा निवासी भरत के रूप में भइल बा।

प्रधान तहरीर में लिखले बानें कि गांव के अवधेश चौधरी अपने साथी अमिता बच्चन, भरत अउरी आठ से 10 अज्ञात लोग के संगे मिल के कुछ दिन से गांव में खासकर अनुसूचित जाति के लोग के रुपया, आराम के जिंदगी, मिशनरी स्कूल में दाखिला, रोजगार जइसन लुभावे वाला लालच दे के मनोवैज्ञानिक रूप से धर्म परिवर्तन कइले के दबाव बना रहल बानें।

उक्त लोग अपने के पास्टर बता के गांव के लोग के हिंदू धर्म से ईसाई धर्म में बदलले के प्रयास कs रहल बानें, जौन लोग उनके बहकावा में नाइ आ रहल बानें, उनके ई लोग कैंसर, पेट दर्द, कान बहल, गटई में दर्द जइसन बीमारी बता के सेवा भाव के नाटक रच रहल बानें ताकि, ऊ धर्म परिवर्तन कs लें। पुलिस प्रधान के एही आरोप के आधार पर केस दर्ज कs लेहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]