[the_ad_group id="30365"]

कंटेनर 7 गाड़ियन के रौंदलस, 3 गो लइकन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अमेठी में बेकाबू कंटेनर रेलवे क्रासिंग पs खड़ा 7 गाड़ी के कुचल दिहलस। कंटेनर से टक्कर एतना भयंकर रहे कि कई गो गाड़ी 50 मीटर ले घसीटल गईल। एs दुर्घटना में एगो कार में बईठल तीन गो लइकन के मउत हो गईल। इनकर उमिर 11 से 14 साल के बीच बा। आपस में भाई-बहिन बाड़े। 5 लोग घायल बाड़े। लखनऊ-वाराणसी राजमार्ग पs कमरौली इलाका में शुक के दिने सबेरे तीन बजे भइल हादसा.

रेलवे क्रासिंग बंद होखला के चलते भईल के सोझा 15-20 गाड़ी खड़ा रहे। लखनऊ से आवत हाई स्पीड कंटेनर ओहिजा खड़ा गाड़ियन के कुचल दिहलस. दुर्घटना में 7 गाडी के बहुत नुकसान पहुंचल। अचानक भईल एs दुर्घटना के चलते भगदड़ मच गईल। लोग के कुछ समझे से पहिले कंटेनर चालक मौका से फरार हो गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]