Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपभोक्तन के बड़ राहत, अडानी गैस घटवलस सीएनजी, पीएनजी के दाम

341

सरकार द्वारा नेचुरल गैस प्राइसिंग फॉर्मूला बदलला के बाद कंपनियन द्बारा सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में कटौती सुरू कs दिहल गइल बा। एकरा तहत अदानी समूह के कंपनी अदानी टोटल गैस सीएनजी के दाम में 8.13 रुपिया प्रति किलोग्राम के कटौती कइलस। ओहिजा, अदाणी टोटल के पीएनजी के दाम में 5.06 रुपिया प्रति घन सेंटीमीटर के कमी आइल बा। ई नया कीमत आज से लागू हो गइल बा।

एकरा पहिले गेल इंडिया के सहायक कंपनी महानगर गैस लिमिटेडो सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में कटौती कइले रहे। महानगर गैस सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में 8 रुपिया प्रति किलो आ घरेलू पाइप वाली रसोई गैस के कीमतन में 5 रुपिया के कमी करे के घोषणा कइले रहे।

कीमतन में 10 फीसदी के आइल कमी

बियफे के केंद्रीय कैबिनेट प्राकृतिक गैस के कीमत तय करे के फॉर्मूला में संशोधन कs के नया ढांचा के मंजूरी दे देलस। एकरा संगही सीएनजी आ पाइप्ड कुकिंग गैस के कीमतन पs सीलिंग के अंतिम रूप दे दिहल गइल बा। केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर बतवले रहस कि एह फैसला से सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में 10 फीसदी के कमी आई। अगस्त 2022 तक एक साल में सीएनजी आ पीएनजी के दरन में 80 फीसदी तक के बढन्ती होखे के रहे। कीमत अंतरराष्ट्रीय ऊर्जा कीमतन के आधार पs तय होला।

507500cookie-checkउपभोक्तन के बड़ राहत, अडानी गैस घटवलस सीएनजी, पीएनजी के दाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.