[the_ad_group id="30365"]

उपभोक्तन के बड़ राहत, अडानी गैस घटवलस सीएनजी, पीएनजी के दाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार द्वारा नेचुरल गैस प्राइसिंग फॉर्मूला बदलला के बाद कंपनियन द्बारा सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में कटौती सुरू कs दिहल गइल बा। एकरा तहत अदानी समूह के कंपनी अदानी टोटल गैस सीएनजी के दाम में 8.13 रुपिया प्रति किलोग्राम के कटौती कइलस। ओहिजा, अदाणी टोटल के पीएनजी के दाम में 5.06 रुपिया प्रति घन सेंटीमीटर के कमी आइल बा। ई नया कीमत आज से लागू हो गइल बा।

एकरा पहिले गेल इंडिया के सहायक कंपनी महानगर गैस लिमिटेडो सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में कटौती कइले रहे। महानगर गैस सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में 8 रुपिया प्रति किलो आ घरेलू पाइप वाली रसोई गैस के कीमतन में 5 रुपिया के कमी करे के घोषणा कइले रहे।

कीमतन में 10 फीसदी के आइल कमी

बियफे के केंद्रीय कैबिनेट प्राकृतिक गैस के कीमत तय करे के फॉर्मूला में संशोधन कs के नया ढांचा के मंजूरी दे देलस। एकरा संगही सीएनजी आ पाइप्ड कुकिंग गैस के कीमतन पs सीलिंग के अंतिम रूप दे दिहल गइल बा। केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर बतवले रहस कि एह फैसला से सीएनजी आ पीएनजी के कीमतन में 10 फीसदी के कमी आई। अगस्त 2022 तक एक साल में सीएनजी आ पीएनजी के दरन में 80 फीसदी तक के बढन्ती होखे के रहे। कीमत अंतरराष्ट्रीय ऊर्जा कीमतन के आधार पs तय होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]