गोरखपुर में पीपीपी मॉडल से होई कन्वेंशन सेंटर के निर्माण, भारत मंडपम के तर्ज पs बनी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2024

गोरखपुर के विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर दिल्ली के प्रगति मैदान में G-20 सम्मेलन के दौरान बनावल गइल भारत मंडपम के डिजाइन पs बनावल जाई। आज माने सोमार के प्राधिकरण के अधिकारियन के दल चयनित फर्म के

Share

गोरखपुर के विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर दिल्ली के प्रगति मैदान में G-20 सम्मेलन के दौरान बनावल गइल भारत मंडपम के डिजाइन पs बनावल जाई। आज माने सोमार के प्राधिकरण के अधिकारियन के दल चयनित फर्म के प्रतिनिधि के संगे दिल्ली में बनावल गइल भारत मंडपम के देखे जाई।

CM योगी आदित्यनाथ के पहल पs गोरखपुर विकास प्राधिकरण कन्वेंशन सेंटर के निर्माण खातिर चयनित सलाहकार फर्म के संगे मिलके डिजाइन के संशोधन कs रहल बा। एमे प्राधिकरण सचिव उदय प्रताप सिंह, प्रभारी मुख्य अभियंता किशन सिंह, अधिशासी अभियंता एके तायल आ चयनित सलाहकार फर्म स्काईलाइन के प्रतिनिधि सामिल होई लो।

प्रतिनिधि मंडल खातिर खोलल जाई भारत मंडपम

प्रतिनिधि मंडल खातिर विशेष रूप से भारत मंडपम के खोलल जाई। गोरखपुर में कन्वेंशन सेंटर के निर्माण चंपा देवी पार्क के 25 एकड़ जमीन पs सार्वजनिक निजी भागीदारी (PPP) मॉडल पs कइल जा रहल बा। सिंगापुर के क्वानो अरेर JMT रियलटी प्राइवेट लिमिटेड के एकर निर्माण, रखरखाव आ संचालन के जिम्मा मिलल बा।

प्राधिकरण के कोसिस भारत मंडपम के तरे ई कन्वेंशन सेंटर भव्य, सांस्कृतिक आ ऐतिहासिक धरोहरन के प्रदर्शित करत दिखावे के बा। कन्वेंशन सेंटर में पांच हजार लोगन के बइठे के क्षमता होई। एलीट क्लब, आध्यात्मिक पुस्तकालय, इवेंट आ एग्जिविशन खातिर लॉन के निर्माणों कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.