[the_ad_group id="30365"]

गीतकार मनोज मुंतिशर के बयान पs भड़कलें कांग्रेसी कार्यकता लोग, एफआईआर के मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गीतकार मनोज मुंतशिर के राहुल गांधी पर अमर्यादित टिप्पणी के आंच उनके गृह जिला अमेठी ले पहुंच गइल बा। एहसे खिसियाइल युवक कांग्रेस कार्यकर्ता लोग कलेक्ट्रेट में प्रदर्शन कs के उनके खिलाफ केस दर्ज करावे के मांग कइलें। ओंने, कांग्रेस जिलाध्यक्ष मनोज के बयान के निंदा कइले बानें।

बॉलीवुड गीतकार मनोज मुंतशिर (शुक्ल) सोमार के भोपाल में आयोजित एगो कार्यक्रम में राहुल गांधी पs अमर्यादित टिप्पणी कइले रहनें। ई बयान ऊ राहुल गांधी के ओ बयान पर दिहलें जेमें तवांग में भारत अउर चीन के सैनिकन के भिड़ंत के बीच भारतीय सैनिकन के पिटाई होखले के बात कहले रहनें। ऊ चाणक्य नीति के हवाला देत कहनें, “विदेशी माई से पैदा भइल लइका कब्बो राष्ट्रभक्त नाइ हो सकsता। साथी लोग, प्रॉब्लम डीएनए के बा।”

उनकर बयान सार्वजनिक भइल त कांग्रेस बिफर पड़ल। कांग्रेस के जिलाध्यक्ष शुभम सिंह के नेतृत्व में कई कार्यकर्ता कलेक्ट्रेट पहुंचलें अउर प्रदर्शन शुरू कs दिहनें। ई लोग एसडीएम गौरीगंज राकेश कुमार को ज्ञापनो सौंपलें। ओंने, कांग्रेस जिलाध्यक्ष प्रदीप सिंघल कहनें कि मनोज के नाइ भुलाए के चाहीं कि ऊ अमेठी के हवें। अमेठी राहुल गांधी के परिवार ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]