‘फिलिस्तीन’ लिखल बैग लेके संसद पहुंचली प्रियंका गांधीज, मचल बवाल

प्रियंका गांधी

Share

फिलिस्तीन से कांग्रेस के प्यार एक बेर फेरु से देखावल गइल बा. प्रियंका गांधी के एगो तस्वीर सामने आइल बा जवना में उनुका बैग पs “फिलिस्तीन” लिखल बा. कांग्रेस सांसद इहे बैग लेके संसद पहुंचल रहली। अब एह बैग के लेके राजनीतिक लड़ाई शुरू हो गईल बा। भाजपा प्रियंका गांधी पs हमला कइले बिया. केंद्रीय मंत्री एसपी सिंह बघेल कहले कि प्रियंका मुसलमान वोट के खुश करे खातीर एगो बैग लेके आईल बाड़ी, जवना पs फिलिस्तीन लिखल बा।

एह बैग के माध्यम से प्रियंका गांधी के एक बेर फेर फिलिस्तीन के समर्थन में देखल गईल बा। बता दीं कि प्रियंका गांधी फिलिस्तीन के समर्थन पहिला बेर नइखे भइल. हालही में भारत आइल फिलिस्तीन राजदूत Abed Elrazeg Abu Jazer से भेंट कइलन. फिलिस्तीनी राजदूत प्रियंका के वायनाड लोकसभा चुनाव में जीत पs बधाई दिहले रहले.

इहो पढ़ीं:अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-