[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका जा रहल भारत के डेलीगेशन के नेतृत्व करिहें कांग्रेस नेता शशि थरूर, जानीं टीम में कवन-कवन शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑपरेशन सिंदूर’ के बाद अखिल दल के प्रतिनिधिमंडल भारत के पक्ष के वैश्विक मंच पs पेश करे खातीर तैयार बा। सरकार 7 गो सर्वदलीय प्रतिनिधिमंडल बनावे के फैसला कइले बिया. ई प्रतिनिधिमंडल अगिला हफ्ता से संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के सदस्य देशन समेत प्रमुख साझेदार देशन के दौरा करीहें. 

कांग्रेस सांसद शशि थरूर के प्रतिनिधिमंडल भी बा। ऊ अमेरिका जात बाड़न. थरूर के प्रतिनिधिमंडल के सदस्यन के नाव भी खुलल बा। एह प्रतिनिधिमंडल के नेतृत्व खुद थरूर करीहें.  

अमेरिका जाए वाला प्रतिनिधिमंडल के सदस्यन के नाम हs

शशि थरूर (लीडर)
शांभवी चौधरी
सरफराज अहमद
सुदीप बंदोपाध्याय
हरीश बालयोगी
शशांक मणि त्रिपाठी
भुवनेश्‍वर कलिता
मिलिंद देवड़ा
तरणजीत सिंह संधू, अमेरिका में राजदूत
वरुण जेफ, निदेशक (आईओआर) – प्रतिनिधिमंडल खातीर संपर्क अधिकारी

जापान जाए वाला प्रतिनिधिमंडल के सदस्यन के नाम भी सामने आइल

संजय झा – सांसद, जनता दल यूनाइटेड (लीडर)
सलमान खुर्शीद – वरिष्ठ कांग्रेस नेता और पूर्व विदेश मंत्री
मोहन कुमार – भारत के सेवानिवृत्त राजनयिक
यूसुफ पठान – पूर्व क्रिकेटर और वर्तमान सांसद
हिमांग जोशी – सांसद
जॉन ब्रिटास – सांसद, CPI (M)
विक्रमजीत वर्शनेय – सांसद
प्रधान बरूआ – सांसद
अपराजिता सारंगी – सांसद, भारतीय जनता पार्टी (BJP)

बता दीं कि एगो सर्वदलीय प्रतिनिधिमंडल बनल बा, जवन कश्मीर, आतंकवाद अवुरी ऑपरेशन सिंदूर पs भारत के रुख दुनिया के सोझा पेश करी। प्रतिनिधिमंडल के सदस्य अलग-अलग देश में एक-एक नेता के नेतृत्व में जाई। इs लोग अमेरिका, ब्रिटेन, यूनाइडेट अरब अमीरात, साउथ अफ्रीका अवुरी जापान अवुरी कुछ अवुरी देश में जाके भारत के पक्ष पेश करीहे। संसदीय कार्यमंत्री किरण रिजिजू कोऑर्डिनेशन के काम कs रहल बाड़े. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]