[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस से जुड़ल बड़ खबर, आचार्य प्रमोद कृष्णम 6 साल खातीर पार्टी से निष्कासित, अध्यक्ष खरगे दिहले प्रस्ताव के मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कांग्रेस पार्टी से जुड़ल बड़ खबर सामने आईल बा। कांग्रेस आचार्य प्रमोद कृष्णम के 6 साल खातिर पार्टी से निकाल दिहले बिया। पार्टी के खिलाफ अनुशासनहीनता के शिकायत अवुरी बार-बार बयान के चलते कांग्रेस इs फैसला लेले बिया।

कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल एगो पत्र जारी कईले

कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल के ओर से जारी चिट्ठी में इs जानकारी दिहल गईल बा। कि पार्टी के खिलाफ अनुशासनहीनता के शिकायत अवुरी बार-बार बयान के देखत उत्तर प्रदेश कांग्रेस समिति के ओर से प्रमोद कृष्णम के तत्काल प्रभाव से 6 साल खातीर पार्टी से निकाले के प्रस्ताव के कांग्रेस अध्यक्ष मंजूरी दे देले बाड़े।

हाल ही में पीएम मोदी से कइले रहले मुलाकात

उल्लेखनीय बा कि हालही में आचार्य प्रमोद कृष्णम पीएम मोदी आ अउरी कैबिनेट मंत्रियन से भेंट कइले रहले। एकरा अलावे उs पीएम मोदी के भी खूब तारीफ कईले। आचार्य प्रमोद कृष्णम कुछ समय से अपना पार्टी के खिलाफ बयान देत रहले। एएनआई से बातचीत के दौरान उs कहले रहले कि मंदिर में जाके केहु हिन्दू ना बनेला, ना मस्जिद जाके केहु मुसलमान बनेला। भगवान राम से नफरत करे वाला हिन्दू ना हो सकेला।

उs इहो कहले रहले कि पूरा दुनिया जानत बा कि राम मंदिर के निर्माण के रोके के प्रयास भईल, जवना के चलते सनातन धर्म के विश्वास करेवाला करोड़न लोग के आस्था के चोट पहुंचल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]