[the_ad_group id="30365"]

कांगो में बड़ हादसा, आग लगले के बाद पलटल नाव, 143 लोगन के मउत, दर्जन लापता

कांगो में बड़ हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांगो में ईंधन लेके जात नाव में आग लाग गइल आ पलट गइल जवना से नाहियो तs 143 लोग के मउत हो गइल आ दर्जनो लोग लापता हो गइल. अधिकारी एs दुर्घटना के बारे में जानकारी देले। एगो अधिकारी जोसेफिन-पैसिफ़िक लोकुमु के मुताबिक, उत्तर-पश्चिमी डीआरसी के कांगो नदी पs लकड़ी के नाव पs सैकड़ों यात्री सवार रहले। ओही दौरान नाव में आग लाग गईल। दुर्घटना इक्वेटर प्रांत के राजधानी मबंडाका के लगे अवुरी कांगो नदी के संगम पs भईल। हम बता दीं कि कांगो दुनिया के सबसे गहिराह नदी हs।

खाना बनावत घरी आग लाग जाला

एगो अधिकारी बतवले कि “बुध के 131 शव के पहिला बैच मिलल, अवुरी गुरु अवुरी शुक के 12 अवुरी शव बरामद भईल। कई गो जरि गइल बा।” एगो अउरी अधिकारी कहले: “एक महिला खाना बनावे खातिर अंगारी जरा दिहलस। एकर चिंगारी पास में राखल ईंधन पs गिर गईल। एकरा चलते धमाका भईल जवन पूरा नाव के अपना चपेट में ले लेलस। जवना के चलते बहुत बच्चा अवुरी महिला के भी मउत हो गईल। दुर्घटना से बचे वाला कुछ लोग के बचा के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। दुर्घटना के बाद भी बहुत लोग अपना प्रियजन के खोज में लागल बाड़े।

बता दीं कि मध्य अफ्रीकी राष्ट्र कांगो लोकतांत्रिक गणराज्य बहुते पिछड़ल देश हs. इहाँ परिवहन खातिर सड़क के भारी कमी बा। अक्सर लोग खाली जलमार्ग से यात्रा करेला। कांगो आ एकरे सहायक नदियन के यात्रा करत घरी अक्सर जहाज डूब जालें आ मरे वालन के संख्या अक्सर ढेर होला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]