[the_ad_group id="30365"]

उत्तम सिंह आ के.एस. चित्रा के मिली लता मंगेशकर पुरस्कार, जानीं केतना मिली धनराशि 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फेमम म्यूजिक कंपोजर उत्तम सिंह आ प्लेबैक गायक केएस चित्रा के मध्य प्रदेश सरकार के ओर से 28 सितंबर के राष्ट्रीय लता मंगेशकर पुरस्कार से सम्मानित कईल जाई। एह पुरस्कार समारोह के आयोजन मध्य प्रदेश में कइल जाई जवना में कलाकार के दू लाख रुपिया के नकद पुरस्कार आ प्रशस्ति पत्र दिहल जाई. राज्य संस्कृति विभाग हर साल दिग्गज गायिका लता मंगेशकर के जयंती पs इs पुरस्कार देवेला। बता दीं कि उत्तम सिंह फिल्म ‘दिल तो पागल है’ में संगीत भी देले बाड़न जवना खातिर उनुका राष्ट्रीय फिल्म अवार्ड भी मिलल बा.

पुरस्कार समारोह कहाँ होई?

उस्ताद अलाउद्दीन खान संगीत एंड आर्ट्स के निदेशक जयंत भिसे एह बात के पुष्टि कइले बाड़न कि उत्तम सिंह के 2022 खातिर मंगेशकर अवार्ड दिहल जाई जबकि केएस चित्रा के साल 2023 खातिर ई अवार्ड दिहल जाई. पहिला बेर ई पुरस्कार समारोह लता मंगेशकर के समर्पित हालही में बनल सभागार में करावल जाई. एकरा के मध्य प्रदेश सरकार उनुका स्मृति में बनवले रहे।

उत्तम सिंह अउर के. चित्रा के कैरियर 

के.एस. चित्रा भारतीय शास्त्रीय संगीत, भक्ति आ लोकप्रिय संगीत गावेली। मलयालम, कन्नड़, तमिल, तेलुगु, उड़िया, हिंदी, असमिया, बंगाली आ पंजाबी के गीतन के आवाज़ देले बानी। उत्तम सिंह एगो मशहूर संगीत निर्देशक हउवें, जे ‘दिल तो पागल है’, ‘गदर: एक प्रेम कथा’, ‘हम दिल दे चुके सनम’ आ ‘परदेस’ जइसन फिलिमन के संगीत निर्देशन भी कइले बाड़न.

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]