[the_ad_group id="30365"]

केंद्र के नौकरियन खातिर होई कॉमन एलिजिबिलिटी टेस्ट: अगिला साल ग्रेजुएट लेवल एग्जाम से हो सकत बा सुरुआत; 117 जिलन में होई सेंटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल रिक्रूटमेंट एजेंसी (NRA) अगिला साल से केंद्र के ग्रुप B आ C के पदन खातिर कॉमन एलिजिबिलिटी टेस्ट (CET) भर्ती परीक्षा सुरू करी। सुरुआत मई-जून में ग्रेजुएट लेवल के कॉमन एलिजिबिलिटी टेस्ट (CET) से हो सकत बा। ई परीक्षा देस के 117 जिलन के एक हजार से जादे परीक्षा केंद्रन में होई। एमे सब जिला मुख्यालय कवर होई।

CET स्कोर के आधार पs केंद्र, राज्य सरकार, सार्वजनिक उद्यम आ निजी क्षेत्र भर्ती कs सकी। CET स्कोर 3 साल खातिर वैध होई। हर साल दु बेर परीक्षा होई।

सिलेबस, फीस पs एक्सपर्ट कमेटी के रिपोर्ट तइयार

ई परीक्षा अभी तक सर्विस सलेक्शन कमीशन, रेलवे रिक्रूटमेंट बोर्ड आ इंस्टीट्यूट ऑफ बैंकिंग पर्सनल सलेक्शन जइसन अलग-अलग एजेंसियन के माध्यम से होला। NRA के सूत्रन के मोताबिक, CET के सिलेबस, एग्जाम स्कीम, फीस, नॉर्मलाइजेशन के बारे में विशेषज्ञ परामर्श कमेटी के रिपोर्ट तइयार हो चुकल बा।

NIC के ओर से NRA के परीक्षा खातिर डिजिटल प्लेटफॉर्म के परीक्षण के काम अंतिम चरण में बा। NRA रेलवे बोर्ड, बैंकिंग संस्थान आ सेवा चयन आयोग से एह संबंध में चरचा सुरू कs देले बा। पिछला महीना संसद के स्थायी समिति के रिपोर्ट में एजेंसी बतवले रहे कि CET के आयोजन के ओकर तइयारी अंतिम चरण में बा।

रेलवे बोर्ड से परीक्षा केंद्र बढ़ावे के सिफारिश कइलस 

तीनो स्तर (10वीं, 12वीं आ ग्रेजुएट) पs एक संगे CET आयोजित करे में पहिला बेर में उम्मीदवारन के बहुत बड़ संख्या के संभारे के होई। एकरा बाद समिति ग्रेजुएट लेवल के CET से सुरूआत करे के सिफारिश कइलस।

कमेटी CET के सुरू होखे तक रेलवे भर्ती बोर्ड से परीक्षा केंद्र बढ़ावे के सिफारिश कइले बा, जवना से उम्मीदवारन के 100-200 किमी के दायरा में परीक्षा केंद्र मिल जाव। बैंकिंग भर्ती एजेंसी से कहले बा कि ऊ आपन क्षमता में बढ़न्ती करे।

कॉमन टेस्ट से गैप कम होई 

NRA के एगो वरिष्ठ अधिकारी के अनुसार, अभी अलग-अलग एजेंसी 50 से जादे परीक्षा आयोजित करावेला। नोटिफिकेशन से लेके चयन प्रक्रिया में 12-18 महीना लाग जाला। एगो कॉमन टेस्ट से ई गैप कम होई।

उदाहरण खातिर बीतल 5 बरिसन में रेलवे रिक्रूटमेंट बोर्ड सात नोटिस के माध्यम से C – ग्रुप के 2,83,747 पदन के रिक्तियन खातिर परीक्षा करववलस। एमे से 1,43,034 पदन के भर्ती भइल, जबकि 1,40,713 पदन खातिर प्रक्रिया अलग-अलग चरणन में बा। उल्लेख करे जोग बा कि केंद्र दिसंबर, 2020 में नेशनल रिक्रूटमेंट एजेंसी के स्थापना कइले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]