[the_ad_group id="30365"]

LPG Cylinde Price: ग्राहकन के बल्ले-बल्ले, चुनाव नतीजा से पहिले 69.50 रुपिया सस्ता भइल सिलेंडर, जानीं नया कीमत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश में लोकसभा चुनाव के आखिरी चरण चल रहल बा। सातवाँ आ अंतिम चरण खातिर आजु मतदान हो रहल बा आ रिजल्ट चार जून के आई. एही बीच कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के दाम में भारी गिरावट आईल बा अवुरी इ 69.50 रुपया सस्ता हो गईल बा। तेल विपणन कंपनी शनिचर के दिने देश भर में 19 किलो के कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के दाम में कमी करे के एलान कइलस. 69.50 रुपिया के संशोधित दर तत्काल प्रभाव से लागू हो गईल बा। आज से दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के भाव 1676 रुपिया बा।

एकरा से पहिले एक मई के कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के दाम में 19 रुपिया के गिरावट आईल रहे। सिलेंडर के दाम में गिरावट व्यापारियन खातिर राहत के खबर बा.

लगातार तिसरका महीना दाम घटल बा

एक महीना पहिले एक मई के तेल विपणन कंपनी वाणिज्यिक एलपीजी गैस सिलेंडर के दाम में तुरंत प्रभाव से 19 रुपिया प्रति यूनिट के कटौती कईले रहली। तब दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के खुदरा बिक्री मूल्य 1745.50 रुपिया रहे। एकरा से पहिले अप्रैल में 19 किलो के कमर्शियल सिलेंडर के दाम 30.50 रुपिया घट के 1764.50 रुपिया हो गईल रहे।

बता दीं कि एलपीजी सिलेंडर के दाम में नया महीना के शुरुआत के संगे समायोजन हो जाला। घर में खाना बनावे खातिर एलपीजी सिलेंडर के इस्तेमाल के बढ़ावा देवे खातिर सरकार कई तरह के योजना लागू कs रहल बिया, जईसे कि प्रधानमंत्री उज्ज्वला योजना जवन पात्र घर के सब्सिडी देवेला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]