[the_ad_group id="30365"]

पटना में मर्डर: कलेक्ट्रेट स्टाफ के बेटा सट्टेबाजी के धंधा में रहे, पहिलही से केसो दर्ज रहे; झंझट के बाद हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में कलेक्ट्रेट स्टाफ के बेटा के हत्या हो गइल बा। 28 साल के सेंटी दीक्षित पटना में एडीएम के क्लर्क उमेश दीक्षित के बेटा रहे। पटना के पॉश इलाका कदमकुआं में काजीपुर इस्थित अरविंद महिला कॉलेज कैंपस के लगे हत्या मंगर के आधा रात भइल। सेंटी के 5 गो गोली मारल गइल। पुलिस के अनुसार पुरान विवाद में बबलू सहनी एह घटना के अंजाम देले बा। केहू के फोन पs घर से बाहर निकलल सेंटी के हत्या ओहिजा करीब 500 मीटर दूर मंगर-बुध के मध्य रात्रि में भइल। राजधानी पटना के कदम कुआं थाना क्षेत्र में भइल एह घटना के बारे में पुलिस बिहटा तक जांच कर रहल बिया, काहेकि सेंटी दीक्षित के मूल घर बिहटा थाना क्षेत्र के सदीसोपुर अंतर्गत दीछिचक गांव हs।

सट्टेबाजी, मारपीट, रंगदारी केस से जुड़ल रहे सेंटी

अबतक हासिल जानकारी के मोताबिक सेंटी सट्टेबाजी के धंधा से जुड़ल रहे आ एही के कारण ओकर कइयन युवकन से तनावपूर्ण रिश्ता रहत रहे। कदमकुआं थानाध्य्यक्ष विमलेन्दु कुमार बतवलें कि मृतक सेंटी आ आरोपी बबलू सहनी के बीच वर्चस्व के लड़ाई रहे। मंगर आधा रात दुनो के बीच झगड़ा भइल आ एही क्रम में बबलू सहनी सेंटी पs दनादन गोली बरसा देलस। थानाध्यक्ष इहो बतवलें कि सेंटी परs मारपीट आ रंगदारी के ममिलो दर्ज रहे। फिलहाल पुलिस पूरा ममिला के छानबीन में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]