[the_ad_group id="30365"]

Cold Wave: कड़ाका के ठंडा से अभी राहत ना, घना कोहरा के बाद शीत लहर के चपेट में उत्तर भारत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब, हरियाणा आ पश्चिमोत्तर राजस्थान से लेके पूर्वी उत्तर प्रदेश तक बुध के कड़ाका के ठंड आ घन कोहरा के चपेट में रहल। हालांकि, राष्ट्रीय राजधानी आ अगरी-कगरी के क्षेत्रन में दृश्यता में कुछ सुधार भइल, बाकिर सबेरे के समय अत्यधिक धुंध के वजह से रेल आ सड़क यातायात बाधित भइल आ कइयन गो ट्रेन देर से चलल। कश्मीर में सबसे सख्त सर्दी के समय ‘चिल्ला-ए-कलां’ सुरू हो गइल बा, जेमे जलाशय आ नदी-माला जम जाला।

ठंडा से अभी राहत ना मिली

भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) कहले बा कि अभी राहत ना मिली। गंगा के किनार वाला मैदानी क्षेत्रन में नमी आ हलुक हवा के कारण अगिलत 24 घंटा में रात आ भोर के बेरा पंजाब, हरियाणा, दिल्ली आ उत्तर प्रदेश में अधिकतर इलाकन में घन से बहुत घन कोहरा के संभावना बा। अगिला कुछ दिनन तक न्यूयनत तापमान पांच डिग्री सेल्सियस आ अधिकतम तापमान 20 डिग्री सेल्सियस बनल रहे के संभावना बा। घन कोहरा के चलते लखनऊ-गोरखपुर राष्ट्रीय राजमार्ग पs एगो बस ट्रक से टकराके पलट कइल। ओकरा बाद एगो-एगो कs के कइयन हो वाहन बस से टकरात चल गइल। एह हादसा में कम से कम 11 लोग घायल हो गइल।

आईएमडी के मोताबिक बुध के सबेरे 5:30 बजे बठिंडा में दृश्यता 0 मीटर रही, जबकि अमृतसर, गंगानगर आ बरेली में 25-25 मीटर आ अंबाला, बहराइच आउर वाराणसी में 50-50 मीटर दर्ज कइल गइल। कम दृश्यता के चलते कई ट्रेन डेढ़ से पांच घंटा तक के देरी से चली।

उत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी (सीपीआरओ) के मोताबिक मऊ-आनंद विहार एक्सप्रेस 2:30 घंटे, पुरी-नई दिल्ली पुरुषोत्तम एक्सप्रेस 4 घंटे, गया-नई दिल्ली महाबोधी एक्सप्रेस चार घंटा, गाजीपुर-आनंद विहार एक्सप्रेस 4:30 घंटे के देरी से चलत रहे।

दिल्ली में सड़क यातायात बाधित

घन कोहरा के कारण बुध के सबेरे राष्ट्रीय राजधानी में सड़क यातायात बाधित रहल। कम दृश्यता के चलते कइयन जगह भारी जाम लग गइल। हालांकि, हवाईअड्डा पs उड़ान प्रभावित ना भइल। अधिकारी लोग बतावल कि चंडीगढ़, वाराणसी आ लखनऊ में मंगर के रात भारी कोहरा होखला के वजह से तीन उड़ान दिल्ली लौट आइल भा ओकरा के दिल्ली डायवर्ट कइल गइल। बुध के पालम हवाईअड्डा पs दृश्यता 400 मीटर आ सफदरजंग हवाईअड्डा पs दृश्यता 500 मीटर रहे, मंगर के दुनो जगह 50 मीटर दृश्यता रहे। आईएमडी के एगो अधिकारी बतावल कि दक्षिण से पश्चिम के तरफ बहे वाला हवा के चलते दृश्यता में कुछ सुधार भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]