[the_ad_group id="30365"]

यूपी के 5 शहर में कोल्ड-डे: 9 जिलन में ऑरेंज, 34 में कोहरा के यलो अलर्ट; बिहान से 3 दिन बरखा के आसार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में कड़ाका के ठंड अभी कम ना होई। 24 घंटा में प्रदेश के 5 शहरन में कोल्ड-डे घोषित कइल गइल बा। एमें भदोही, बिजनौर, जौनपुर, सुल्तानपुर आ बागपत सामिल बा। मंगर के मौसम विभाग प्रदेश के नौ जिलन में कोहरा के ऑरेंज, जबकि 34 शहरन में यलो अलर्ट जारी कइले बा।

मौसम वैज्ञानिक काल्ह माने बुध से यूपी के 12 जिलन में बरखा के आसार जतवले बा लो। कानपुर के CSA यूनिवर्सिटी के मौसम विज्ञानी डॉ. SN सुनील पांडेय बतवलें, बिहान से अगिला तीन दिन तक बरखा के अनुमान बा। बुध के ललितपुर, झांसी, महोबा, हमीरपुर, बांदा, चित्रकूट, कौशांबी, प्रयागराज, मिर्जापुर, वाराणसी, सोनभद्र आ चंदौली में बरखा हो सकत बा। 5 जनवरी तक प्रदेश के कइयन हिस्सन में हलुका बरखा के अनुमान बा।”

आज पश्चिम में जादे ठंडक के अनुमान

मौसम विभाग बतवलस, ”मंगर के वेस्ट यूपी के कइयन जिलन में कोल्ड-डे के इस्थिति बन सकत बा। कोल्ड-डे तब होला, जब न्यूनतम तापमान सामान्य से 10 डिग्री कम आ अधिकतम तापमान सामान्य से 4.5 डिग्री कम होला।

ओहिजा, जब दिन के तापमान 6.4 डिग्री भा ओसे कम हो जाला तs कोल्ड-डे होला। अगर अधिकतम तापमान सामान्य से 5.5 डिग्री सेल्सियस से नीचे गिरेला, तs मौसम विभाग एकरा गंभीर माने सीवियर कोल्ड-डे के रूप में दर्ज करेला। माने कड़ाका के ठंड।

प्रदेश में शाहजहांपुर रहल सबसे ठंडा

अतवार के प्रदेश में सबसे ठंडा जिला शाहजहांपुर रहल। इहां न्यूनतम तापमान 5.2 डिग्री रिकॉर्ड कइल गइल। अधिकतम तापमान कुशीनगर के 19.7 डिग्री दर्ज कइल गइल, जवन प्रदेश में सबसे जादे रहल बा। न्यूनतम आ अधिकतम तापमान में अंतर कम होखे लागल बा, एसे दिन में ठंड आउर जादे महसूस हो रहल बा।

एह जिलन में छाई घना कोहरा

ऑरेंज अलर्ट: सहारनपुर, बागपत, मुजफ्फरनगर, बिजनौर, मेरठ, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली आ पीलीभीत।

येलो अलर्ट: गाजियाबाद, बुलंदशहर, गौतमबुद्ध नगर, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, आगरा, फिरोजाबाद, फर्रुखाबाद, मैनपुरी, फिरोजाबाद, बदायूं, शाहजहांपुर, हरदोई, लखनऊ, बहराइच, गोंडा, बहराइच, श्रावस्ती, सिद्धार्थनगर, बस्ती, अमेठी, प्रतापगढ़, सुल्तानपुर, जौनपुर, वाराणसी, आजमगढ़, गोरखपुर, मऊ, गाजीपुर, महाराजगंज, कुशीनगर, देवरिया आ बलिया।

कोल्ड डे के चपेट में रहल जिलन में तापमान…

शहर अधिकतम न्यूनतम
भदोही 15.7°C 7.7°C
बिजनौर 15.2°C 6.5°C
जौनपुर 14.0°C 5.4°C
सुल्तानपुर 14.6°C 7.6°C
बागपत 12.9°C 9.6°C

जनवरी में औसत से जादे होई बरखा

IMD के मोताबिक, यूपी के संगही देस के कइयन हिस्सन में अबकी बेर औसत 122 मिमी. से जादे बरखा दर्ज कइल जाई। अबकी बेर 118% जादे बरखा दर्ज कइल जा सकत बा। जनवरी में जादे बरखा भइल तs ठंड के दिन आउर लमहर खींच सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]